माघ मे शुरु ना होखेवाला कार्जक्रम के पइसा फिर्ता करे खातिर सञ्चारमन्त्री के निर्देशन

काठमाण्डु ८ माघ,
सञ्चार तथा सूचना प्रविधिमन्त्री गोकुलप्रसाद बाँस्कोटा मन्त्रालय आ मातहत के निकाय के इहे माघ महिना भितर करेके कहके तोलक गईल काम अगाडि ना बढला मे बजेट फिर्ता होखेके बतवले बानी । सञ्चार मन्त्रालय आ सम्बन्धित निकाय के आर्थिक बरीस २०७६÷०७७ मे सञ्चालन करेके कार्जक्रम के आजु सिंहदरबार मे पुरा भईल अर्धवार्षिक समीक्षा बईठक मे मन्त्री बाँस्कोटा वार्षिक कार्जक्रम मे रहल मेसे अभी तक खर्च होखे ना सकल भा होखे ना सकेके अवस्था मे रहल बजेट रकम फिर्ता करे के निर्देशन देहनी ।

अइसे बाँकी देखल गईल पइसा आउर सेवा आ कार्जक्रम मे लगावे सकेके बतावत उ शुरुआत हि करे ना सकल काम के बजेट कायम राख के जाम कईल अनुचित होखेके आ ओइसन करेवाला निकाय भा विभागीय प्रमुख के विभागीय कारवाही करेके स्पष्ट कइनी । मन्त्री बाँस्कोटा मन्त्रालय के समष्टिगत पूँजीगत खर्च के पइसा कम भईला पर भी तोकल गईल पइसा समय मे खर्च होखे ना सकला के कारण बतावे खातिर निर्देशन देत कहनी कि, “जउन काम करेमे प्रतिबद्ध भईल बा, ओमे खर्च होखेके पडि ।

होखे ना सकेवाला काम के सूची तइयार करके तीनचार दिन भितर पेश करीं । काम करे लागला के बाद पइसा अपुग भईला पर अर्थ मन्त्रालय विचार करी ।” मन्त्री बाँस्कोटा कहनी कि, “स्वीकृत कार्जक्रम आ बजेट ना छुट्टा के मनमौजी खर्च करेके ना मिली । पइसा बाँकी राख के आर्थिक बरीस के अन्तिम मे सभा, गोष्ठी करके भईला पर भी खर्च करेवाला प्रणाली के अन्त्य होखेके पडि ।”

उ रेडियो नेपाल के जमिन नेपाल दूरसञ्चार प्राधिकरण के बिक्री करेके निर्णय कार्यान्वयन मे भईल ढिलाइ के बारे मे एक हप्ता भितर टुङ्गो लगावे खातिर, सामाजिक सञ्जाल फेसबुक आदि से हो रहल खर्च आ आम्दानी मे राजश्व आ कर के सम्बन्ध मे रायसुझाव देवे खातिर अध्ययन समिति गठन करेके आ नेपाल टेलिभिजन के अङ्ग्रेजी वल्र्ड च्यानल सञ्चालन के खाका लियावे खातिर नेपाल टेलिभिजन के पदाधिकारी के निर्देशन देहनी ।

मन्त्रालय के सचिव दीपक सुवेदी सहित के उ बईठक मे राष्ट्रिय समाचार समिति (रासस) के कार्यकारी अध्यक्ष श्यामल अधिकारी मन्त्रालय मे विचाराधीन रासस के संशोधित विनियमावली के जलदी स्वीकृत करे खातिर निहोरा करत रासस केन्द्रीय कार्यालय के नवनिर्मित समाचार भवन के खातिर तत्काल नयाँ फर्निचर के खातिर बजेट जरुरी रहल बतवनी । अध्यक्ष अधिकारी पडोसी चीन के बेजिङ आ भारत के नयाँदिल्ली मे स्थायी समाचारदाता राखेके सम्बन्धी प्रस्ताव मन्त्रालय मे पेश कईल भी अवगत करवनी ।

उ रासस स्थापना विसं २०१८ फागुन ७ से २०५२ साल तक के स्क्यान कईल नेपाली समाचार (बुलेटिन) इमेज फम्र्याट मे रासस अनलाइन मे अभिलेखीकरण करेके भी बतवनी ।

बईठक मे मन्त्रालय से सम्बन्धित अनेकन निकाय मेसे चार बाहेक आउर निकाय अर्धवार्षिक समीक्षा प्रस्तुत कईले रहलन । मन्त्रालय के सहसचिव राधिका अर्याल से प्रस्तुत कईल विवरण मे उ मन्त्रालय के चालु आव के खातिर विनियोजित बजेट मेसे अभी तक चालू ओरी ४५ दशमलव ४१ आ पूँजीगत मे २४ दशमलव ०८ प्रतिशत मात्र खर्च होखे सकल जनावल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button