मिथिला वाइल्ड लाइफ ट्रष्ट वीरगंज–१७ अलौं मे राहत बँटलख

वीरगंज २२ जेठ

पर्सा के वीरगंंज महानगरपालिका वार्ड नं. १७ अलौ टोल मे रहल अति विपन्न गरिब, अपाङ्ग, एकल जनानी, गर्भवती तथा सुत्केरी मातारी लगायत के मिथिला वाइल्ड लाइफ ट्रष्ट मिथिला बिहारी नगरपालिका वार्ड नं.३ के आर्थिक सहजोग मे एकिकृत राहत प्याकेज आजु बाँटल गईल बा ।

विश्वभर महामारी के रुप मे फईलल कोरोना भाइरस (कोभिड १९) से बँचे खातिर नेपाल सरकार लकडाउन कईले बा ।

संघ प्रदेश, स्थानिय तह लकडाउन के अवस्था मे दैनिक मजदुरी करके खाएवाला गरिब अति विपन्न घर परिवार पूर्ण रुप से प्रभावित भईल अवस्था मे मिथिला वाइल्ड लाइफ ट्रष्ट समाजिक दुरी कायम करत आजु ७५ परिवार के उ राहत बाँटल गईल मिथिला वाइल्ड लाइफ ट्रष्ट के पर्सा प्रतिनिधि श्रवण प्रसाद साह बतवनी ।

वार्ड नं. १७ के वार्ड अध्यक्ष सुखरानी देवी के विशेष उपस्थिति मे तथा नेपाल युवा परिषद् बारा आ भोजपुरी टाइम्स दैनिक के समन्वय मे चाउर, दाल, आलु, पियाज, खाएवाला तेल, नून, स्वाविन, नहाएवाला साबुन, अण्डा, हरिहर तरकारी लउका, साग, करैला बोडी लगायत खाद्यान्न सामान के प्याकेज बाँटल गईल मिथिला वाइल्ड लाइफ ट्रष्ट के प्रतिनिधि साह बतवनी । राहत मिलला के बाद स्थानियलोग खुसी होत संस्था के धन्यबाद भी देहले रहलन ।

राहत वितरण कार्जक्रम मे जनता समाजवादी पार्टी के बिरेन्द्र प्रसाद यादव, राप्रपा पार्टी के दलित संगठन के केन्द्रिय सदस्य उमेश राम, नेता छठु साह, राप्रपा मुस्लिम संगठन के केन्द्रिय सदस्य अमर हुसैन पवरिया, द नेपाल टप अनलाईन के पर्सा प्रतिनिधि नरेश सर्राफ, भोजपुरी टाईम्स दैनिक के प्रकाशक अजय कुमार चौरसिया आ फोटो पत्रकार एसएम जहाँगस्त, रातोपाटी अनलाईन के अमित अग्रवाल, मिरमिरे नलाईन के दिपक चौरसिया, वीरगंज दैनिक के रंजित चौरसिया, आजतक दैनिक के बिनोद पटेल, आकाश एफएम के आशिक अंसारी, नेपाल युवा परिषद बारा के सचिव दिवाकर प्रसाद कल्वार, युवा समाजसेवी अनिल कुमार कुशवाहा, मिथिला वाइल्ड लाइफ ट्रष्ट बारा के प्रतिनिधि राजेश कुशवाहा लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

मिथिला वाइल्ड लाइफ ट्रष्ट, छोरा छोरी, गानडिज आ लास्ट नाइट अ डिजे सेभड माई लाइफ संस्थासब के आर्थिक सहजोग मे भोर नामक संस्था से मिल के देश के १५ जिल्ला के २२५० विपन्न परिवार के गर्भवती, एकल जनानी, सुत्केरी तथा अपांगलोग के विशेष राहत प्याकेज प्रदान करेके योजना मुताविक आजु राहत बाँटल गईल बा ।

एकरा से पहिले पकहामैनपुर गाँवपालिका के वार्ड नं. ४ स्थित मुसहर बस्ती के ८५ घर परिवार, जिराभवानी गाँवपालिका वार्ड नं. १ पकडीटोल के ३६ घर परिवार आ वार्ड नं. ४ के ३५ घर परिवार आ आजु वीरगंज १७ मे ७५ घरपरिवार करके २३१ अतिबिपन्न परिवार के राहत बाँटल गईल पर्सा प्रतिनिधि साह बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button