मिथिला वाईल्ड लाइफ ट्रष्ट पकहामैनपुर के मुसहर बस्ती मे बँटलख राहत

वीरगंज १५ जेठ
पर्सा जिल्ला के पकहामैनपुर गाँवपालिका वार्ड नं. ४ के गरिब तथा अतिबिपन्न घरपरिवार के मिथिला वाईल्ड लाइफ ट्रष्ट मिथिला बिहारी नगरपालिका वार्ड नं. ३ धनुषाधाम राहत बँटले बा ।
विश्वभर महामारी के रुप मे फईलल कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) से बँचे खातिर नेपाल सरकार लकडाउन जारी कईले बा ।
लकडाउन मे दैनिक मजदुरी करके खाएवाला गरिब, अतिबिपन्न परिवार पूर्ण रुप से प्रभावित भईल अवस्था मे मिथिला वाईल्ड लाइफ ट्रष्ट सामाजिक दुरी कायम करत राहत वितरण कईले बा ।
दलित अधिकारकर्मी मनोज राम पकाहाँ मैनपुर गाँवपालिका के वार्ड नं ४ मुसहर बस्ती के बारे मे मिथिला वाईल्ड लाइफ ट्रष्ट के जानकारी करईला के बाद राहत वितरण कईल बा ।
वार्ड नं. ४ के वार्ड अध्यक्ष ढेडी प्रसाद यादव के विशेष उपस्थिति मे खेस्राहा टोल के मुसहर बस्ती, वार्ड के अनेकन टोल के गरिब तथा अतिबिपन्न ८५ घरपरिवार के बियफे के दिने राहत वितरण पुरा भईल बा ।

भोजपुरी टाइम्स दैनिक पत्रिका तथा नेपाल युवा परिषद् पर्सा के सहकार्य मे वितरण भईल राहत मे चाउर, दाल, आलु, पियाज, खाने तेल, नुन, स्वाबिन, नहाएवाला साबुन, हरिहर तरकारी के प्याकेट प्रति परिवार के बाँटल गईल ट्रष्ट पर्सा प्रतिनिधि श्रवण प्रसाद साह बतवनी ।
राहत सामान मिलला पर मुसहर बस्ती के स्थानियलोग के मुहार मे खुसी देखल गईल रहे ।
एकरा से पहिले वार्ड कार्यालय तथा प्रदेश सरकार से राहत बाँटला पर भी ओतना से केतना दिन तक घर खर्च टारल जा सकता कहत स्थानिय श्यामबाबु राम ई संस्था से राहत वितरण कईला मे धन्यबाद देत आउर कुछ दिन तक खुदसब के खाए खातिर पुगल कहत खुसी व्यक्त कइनी ।
राहत वितरण कार्जक्रम मे भोजपुरी टाइम्स दैनिक पत्रिका के प्रकाशक अजय कुमार चौरसिया, मिथिला वाइल्ड लाइफ ट्रष्ट बारा के प्रतिनिधि राजेश प्रसाद कुशवाहा, नेपाल युवा परिषद् पर्सा के सचिव मुकेश कुमार चौरसिया, संचारकर्मी बिन्दु भुषण साह, दिपक चौरसिया, रंजित चौरसिया लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






