मृत्यु के बाद युवती के लास प्रेमी के घर मे !

रौतहट २२ कुवार
रौतहट मे बुध के दिने सँझिया शंकास्पद मृत्यु भईल युवती के प्रेम सम्बन्ध के चलते ज्यान गईल खुलल बा । युवती के मृत्यु के बाद पुलीस उनकर काका आ काकी के नियन्त्रण मे लेहले बा ।
रौतहट के दुर्गाभगवती गाँवपालिका वार्ड नं.४ छतौना टोल रहेवाला लाल महम्मद धुनिया के १७ बरीस के बेटी रोबिना मन्सुरी के लास बुध के दिने सँझिया मिलल रहे ।
युवती के स्थानीय जुनैद कवारी सँगे प्रेम सम्बन्ध रहल आ युवती के परिवार के उ सम्बन्ध स्वीकार्य ना भईला के चलते दुनु परिवार मे बेर बेर विवाद भी भईल पुलीस जनवले बा ।
मृतक रोबिना आ जुनैद पारिवारिक अवरोध के बीच भी प्रेम सम्बन्ध के निरन्तरता देत रहे ।
परिवारजन के सदस्यलोग युवती के लास लेके युवक के घर मे पुगावत देखला के बाद स्थानीय पुलीस के खबर कईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट के प्रवक्ता डीएसपी भरत श्रेष्ठ बतवनी ।
युवती के लास युवक के घर मे राख के फँसावे के खोजल पुलीस के प्रारम्भिक अनुसन्धान से देखावल डीएसपी श्रेष्ठ बतवनी ।
युवती के काकासब फुल महम्मद, लाल महम्मद, नसरुद्धिन मन्सुरी, काकी सहनाज मन्सुरी लास के लेके जुनैद कवारी के घर मे लेजाके रखले रहलन ।
जुनैद के घर के सदस्य बाहर रहल समय युवती के परिवारजन लास जुनैद कवारी के भउजाई रहेवाला कोठरी मे राखल पुलीस जनवले बा ।
मृतक युवती के घेंट मे डोरी के जईसन डोब देखल गईला के बाद हत्या भा आत्महत्या का ह कहके खुलेके बाँकी रहल डीएसपी श्रेष्ठ बतवनी ।
अनुसन्धान के समय मे मृतक युवती के काका फुल महम्मद मन्सुरी आ काकी सहनाज मन्सुरी के नियन्त्रण मे लेहले बा । मृतक के लास पोष्टमार्टम के खातिर वीरगंज के नारायणी अस्पताल पठवले रहे ।





