राष्ट्र के विकास मे टेवा पुगावे खातिर पर्यटकीय क्षेत्र के विकास जरुरी :- राष्ट्रपति

दार्चुला, १५ फागुन,

सुदूरपश्चिम के दार्चुलास्थित मालिकार्जुन मन्दिर मे पूजापाठ के खातिर आईल राष्ट्रपति विद्यादेवी भण्डारी राष्ट्र के विकास के खातिर ई क्षेत्र के पर्यटकीय क्षेत्र के विकास जरुरी रहल बतवले बानी ।

मालिकार्जुन गाँवपालिका से आयोजना कईल नागरिक अभिनन्दन कार्जक्रम के सम्बोधन करत उ राष्ट्र के सात वाँ धाम मालिकार्जुन मे पूजापाठ करत ई क्षेत्र धार्मिक पर्यटन उर्वरभूमि भईल बतवनी । जिल्ला के मात्र ना होके देश के समृद्धि के खातिर ई क्षेत्र के पर्यटकीय क्षेत्र के पहिचान आ विकास करेके उनकर जोड रहे ।

“ई क्षेत्र मे रहल अपि नाम्पा हिमाल, कैलाश मानसरोवर जाएवाला मार्ग भईला के चलते भी ई क्षेत्र पर्यटकीय क्षेत्र के खातिर बढिया बा, पर्यटकीय हिसाब से ई क्षेत्र के विकास मे टेवा पुगावे के पडि”, उ सम्बोधन मे कहनी कि, “इहाँ रहल विकास निर्माण मे टेवा पुगेवाला किसिम के गतिविधि के अगाडि बढावेके पडि, मानसरोवर जाएवाला मार्ग इहे बा, ई क्षेत्र तक पहँुच पुगावे खातिर सभी से हातेमालो कईल जाँव ।”

पहिलका बेर दार्चुला भ्रमण करे आईल राष्ट्रपति भण्डारी कहनी कि, “ई जिल्ला त्रिदेशीय क्षेत्र मे पडेवाला भईला से भी पर्यटन के हिसाब से बढिया बा ।” ई क्षेत्र के सीमा व्यवस्थापन के खातिर सरकार काम कर रहल कहत उ जलदी निकास आवेके बतवनी । विवादित सीमा क्षेत्र के प्रभावकारी व्यवस्थापन के खातिर अभी भी नागरिक सङ्गठित होखेके उनकर कहनाम रहे ।

“इहाँ के हिमाल, वनजङ्गल जोगावे सकला पर पर्यापर्यटन मे टेवा पुगी”, उ कहनी कि, “हमनी के चुनौती कहल जलवायु परिवर्तन ह ।” एकरा खातिर इहाँ के पर्यावरण संरक्षण मे ध्यान देवेके उनकर कहनाम बा ।

“जलवायु के संरक्षण के खातिर हिमाल बँचावल जरुरी बा, दार्चुला मे विसं २०६७ मे घोषणा भईल अपि नाम्पा संरक्षण क्षेत्र के आउर व्यवस्थापन कईल अभी के जरुरत ह”, राष्ट्रपति भण्डारी कहनी कि, “इहाँ के प्राकृतिक सम्पादा संरक्षण के खातिर अपि नाम्पा संरक्षण क्षेत्र के आउर प्रभावकारी बनावेके पडि ।”
ई क्षेत्र के विकास के खातिर आपन पदीय हिसाब से करेवाला काम के खातिर सहजोग करेके आश्वासन देहनी ।

हेलिकोप्टर मार्फत दार्चुला के मालिकार्जुन अवतरण भईल राष्ट्रपति भण्डारी मालिकार्जुन मन्दिर मे जाके पूजापाठ कइनी । करिब १५ मिनेट मन्दिर मे पूजापाठ कईला के बाद उ नागरिक अभिनन्दन मे सहभागी भईनी । मालिकार्जुन मन्दिर जिल्ला के एक प्रसिद्ध धार्मिक तीर्थस्थल ह ।

भगवान् शिव के १२ ज्योतिलिङ्ग मेसे दुसरका ज्योर्तिलिङ्ग मालिकार्जुन के मानल जाला । ई क्षेत्र मे दार्चुला के साथे सुदूरपश्चिम आ भारत उत्तराखण्ड के नागरिक आराध्यदेव के रुप मे मालिकार्जुन के पूजापाठ करेलन ।

विशेष शक्तिपीठ के रुप मे रहला के चलते भी मालिकार्जुन के सरकार धार्मिक पर्यटकीय गन्तव्य के एक सय सूची मे रखले बा । उहे मुताविक अभी सरकार हरेक बरीस मालिकार्जुन के धार्मिक पर्यटन विकास के खातिर बजेट भी विनियोजन करत आईल बा ।

नेपाल भ्रमण बरीस २०२० के अवसर मे राष्ट्रपति भण्डारी दार्चुला के धार्मिक तीर्थस्थल मालिकार्जुन मे कईल भ्रमण से स्थानीयस्तर मे खुशीयाली छवलख । हजारो सर्वसाधारण भण्डारी के लामबद्ध होके स्वागत कइनी । राष्ट्रपति भण्डारी के मालिकार्जुन गाँवपालिका अध्यक्ष नरेन्द्रसिंह धामी आ दार्चुला से प्रतिनिधिसभा के सदस्य गणेशसिंह ठगुन्ना स्वागत करत नागरिक अभिनन्दन स्थल तक पुगवनी ।

नागरिक अभिनन्दनस्थल मे मालिकार्जुन गाँवपालिका उपाध्यक्ष पुष्पा अवस्थी स्वागत मन्तव्य रखनी । कार्जक्रम मे सुदूरपश्चिम प्रदेश के मुख्यमन्त्री त्रिलोचन भट्ट, प्रतिनिधिसभा सदस्य ठगुन्ना मन्तव्य रखनी । कार्जक्रम मे गाँवपालिका अध्यक्ष धामी गाँवपालिका के ओरी से राष्ट्रपति भण्डारी के नागरिक अभिनन्दन हस्तान्तरण कइनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button