रौतहट के गौर मे १५ संक्रमित थपईलें
रौतहट २५ सावन
रौतहट मे एतवार के दिने कोभिड–१९ के १५ नयाँ संक्रमित थपाईल बाडन ।
उ संक्रमित गौर नगरपालिका के बाडन ।
सब से बेसी वार्ड नम्बर ५ के रहल बाडन ।
कुल १५ मेसे ७ जने वार्ड नं. ५ के स्थानीय हउवन आ खानेपानी संस्थान के ४ जने कर्मचारी मे भी संक्रमण पुष्टि भईल जिल्ला जनस्वास्थ्य कार्यालय रौतहट जनवले बा ।
गौर नगरपालिका ९ सिसवा के २ जने पुरुष मे भी संक्रमण पुष्टि भईल जिल्ला जनस्वास्थ्य कार्यालय के फोकल पर्सन हरेन्द्र गुप्ता बतवनी ।
एके दिन बडका संख्या मे संक्रमण देखल गईला के बाद गौर मे डर बढल बा ।
रौतहट मे समुदाय स्तर मे संक्रमण फईलला के बाद सावन २४ से ३२ गते तक के खातिर स्थानीय प्रशासन निषेधाज्ञा जारी कईले बा ।
आ रौतहट २ आइसोलेसन मे १४ जने संक्रमित ईलाज के समय मे रहल बाडन ।
एतवार के दिने संक्रमित भईललोग के गरुडा के बिर्ता मे रहल नेपाल पुलीस के विद्यालय आ चन्द्रपुर के शहीद पार्क मे निर्माण भईल आइसोलेसन मे राखेके भईल बा ।
संमिलल सभी के कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ के काम शुरु होखेके जिल्ला जनस्वास्थ्य कार्यालय के प्रमुख महेश साह बतवनी ।
रौतहट के आइसोलेसन से १ हजार ३ सय २३ जने कोरोना संक्रमितलोग ठिक होके घर गईल बाडन ।






