रौतहट मे डीएसपी सहित २० जने पुलीस मे कोरोना संक्रमण

रौतहट २४ भादो
रौतहट मे एक जने प्रहरी नायव उपरीक्षक (डीएसपी) सहित २० जने पुलीस मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण भईल बा ।
बुध के दिने सबेरे आईल रिपोर्ट मे एक इलाका प्रहरी कार्यालय के एक जने प्रहरी नायव उपरीक्षक (डीएसपी), दु जने प्रहरी निरीक्षक सहित २० जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट के प्रहरी उपरीक्षक (एसपी) सिद्धिविक्रम शाह बतवनी ।
बहुते संख्या मे पुलीस कार्यालय के कर्मचारी मे संक्रमण देखल गईला के बाद उ इलाका प्रहरी कार्यालय के सेनेटाइज करके आ भौतिक दुरी सहित कुछ कामकाज के मात्र निरन्तरता देहल एसपी शाह बतवनी ।
बितल शुक के दिने पुलीस आ स्थानीयसहित ४१ जने के स्वाब संकलन करके परीक्षण कईला पर २० पुलीस आ ८ जने स्थानीय मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
संक्रमण पुष्टि भईल पुलीस के चन्द्रपुर–२ मे रहल आइसोलेसन मे पठावल आ इलाका प्रहरी कार्यालय मे जिल्ला से आउर टोली पठावल एसपी शाह बतवनी ।
साथे, रौतहट मे पिछिलका २४ घण्टा मे यमुनामाई गाँवपालिका मे १२, चन्द्रपुर नगरपालिका मे २८, दुर्गा भगवती गाँवपालिका मे १८ करके ५८ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।






