रौतहट मे थपईलें ३५ जने कोरोना संक्रमित

रौतहट २ भादो

रौतहट मे आजु ३५ जने कोरोना संक्रमित थपाईल बाडन । केन्द्रीय प्रयोगशाला काठमाण्डु के रिपोर्ट मुताविक रौतहट मे १३ जने जनानी सहित ३७ जने मे संक्रमण देखल गईल बा ।

सावन ३० गते १५० जने के स्वाब संकलन करके परीक्षण के खातिर पठावल गईला मे ८० जने के रिपोर्ट अईला पर गौर नगरपालिका के २७ आ माधवनारायण नगरपालिका के ५ तथा गरुडा, कटहरीया आ नेपाल पुलीस के एक÷एक जने मे संक्रमण पुष्टि भईल जिल्ला जनस्वास्थ्य कार्यालय रौतहट के प्रवक्ता हरेन्द्र गुप्ता बतवनी ।

उनका मुताविक कन्ट्याक ट्रेसिङ के आधार मे स्वाब संकलन करके परीक्षण कईला पर उलोग मे पोजेटिभ देखल गईल बा ।

‘संकलित स्वाब मेसे ७० जने के रिपोर्ट आवेके बाँकी बा,’ कहत प्रवक्ता गुप्ता, ‘कन्ट्याक ट्रेसिङ्ग के आधार मे अगाडि बढला पर उलोग मे संक्रमण देखल गईल बा ।’

संक्रमितलोग के व्यवस्थित आइसोलेसन मे राखला के बदले होम आइसोलेसन मे राखे देवेके निर्णय से समुदाय मे संक्रमण फईलेके खतरा आउर बढल उ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button