लकडाउन के चलते विर्तामोड के ११ जने वीरगंज मे अलपत्र

वीरगंज १४ चईत,
भारत के बिहार से झापा के विर्तामोड जाए लागल ११ जने वीरगंज मे अलपत्र पडल बाडन । उलोग वीरगंज बसपार्क स्थित चौधरी होटल एण्ड लज मे रहत आईल बाडन ।
विर्तामोड नगरपालिका–४ के ११ जने बिहार के सिवान आ गोपालगंज के होटल मे काम करत आईल रहलन । ५ दिन से होटल मे रहला के चलते उलोग के रहे आ खाए खातिर समस्या भईल बा । लकडाउन के कारण सवारी साधन ना चलला के बाद खुदसब ५ दिन से अलपत्र पडल उलोग बतवले बाडन ।
होटल मे रहला पर आ खईला पर ओने से कमा के लियावल सभी रोपेया ओराए लागल सन्त विश्वकर्मा बतवनी । “तानका तानका भईल पईसा भी ओराईल बा, रहे खाएके भी समस्या हो रहल बा ।
का करेके कईसन करेके चिन्हल जानल केही नइखन, दोकान बजार सभी बन्द बा,” कहत उ, “घरपरिवार भी चिन्ता मे बाडन घर जाएके मिलला पर बढिया होखित ।”
भारत के बिहार मे काम करत आईल होटल बन्द भईला के बाद उलोग घर फिर्ता आवेके समय मे वीरगंज आइल बाडन ।
वीरगंज के समाजसेवी विक्की सर्राफ उलोग सँगे होटल मे रहे खातिर पईसा के कमी भईल जानकारी मिलला के बाद ७ दिन के खर्च देवेके बाचा कईले बानी । वीरगंज महानगरपालिका बसपार्क मे चालक सहचालक के खाना के मेस सञ्चालन करेके भईला के बाद उलोग के उहे खाना के व्यवस्था मिलावे के प्रयास हो रहल बा ।
विर्तामोड नगरपालिका के नगर प्रमुख ध्रुवकुमार सिवाकोटी लकडाउन के चलते तत्काल उद्दार करे सकेके अवस्था ना रहल बतवनी । अभी जे जहाँ जईसे बाडन, ओईसे हि बाँचेके स्थिति रहल उनकर कहनाम बा ।
“विर्तामोड मे जोगवनी के एक जने आदमी अलपत्र पडल रहलन, ओने पठावल बहुते समस्या भईल,” सिवाकोटी कहनी कि, “ओतना सहज त नइखे, माकिर प्रदेश प्रमुखमार्फत स्थानीय पुलीस से समन्वय करके लियावल जा सकता आ सकेभर प्रयास कईल जाई ।”





