लकडाउन मे क्रिकेट ना खेले खातिर निहोरा कईला पर पुलीस उपर पिटपाट
वीरगंज १६ चईत,
बारा मे लकडाउन उल्लंघन करेवाला एक समूह पुलीस उपर पिटपाट कईले बाडन । बारा के परवानीपुर गाँवपालिका–५ गण्डक चोक मे क्रिकेट खेल रहल ८÷९ जने के समूह के सम्झावे के समय मे पुलीस उपर पिटपाट भईल बा ।
पुलीस के मुताविक लकडाउन के समय मे क्रिकेट ना खेले खातिर सम्झईला पर परवानीपुर गाँवपालिका ५ नौतन बहुअरी के २७ बरीस के गणेशकुमार साह पुलीस के क्रिकेट के ब्याट से मारल जनावल गईल बा ।
ब्याट से लाग के एक प्रहरी हवल्दार घायल भईल बाडन । साह के पकड के अनुसन्धान सुरु कईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा जानकारी देहले बा ।






