लकडाउन मे रोज के सयों आदमी वीरगंज पुगत बाडन

वीरगंज १९ चईत,

भारत, मोतिहारी के राज मियाँ काठमाण्डु मे वाइरिङ के काम करत रहनी । कारोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण फईले ना देवे खातिर सरकार लकडाउन घोषणा कईला के बाद उ कामविहीन रहलन ।

लगातार काम ना भईला पर समस्या भईल बा । ओहिसे काम करेवाला ७ जने मे १७ चईत मे काठमाण्डु से पैदल हि निकलनी । बुध के दिने सबेरे गण्डक से पुलीस नियन्त्रण मे लेहनी ।
‘खाए रहे खातिर पईसा ना रहे, राहत भी मिलत नइखे । ओहिसे काठमाण्डु से अईनी,’ कहत उ, ‘इहाँ पुलीस नियन्त्रण मे लेके रखले बा ।’

काठमाण्डु मे फर्निचर के काम करेवाला बिहार मोतिहारी के मनोज सर्राफ सहित तीन जने भी घर जाए खातिर चलल रहलन । वीरगंज अईला पर पकडईनी । ‘मंगर के दिने सबेरे काठमाण्डु से पैदल चलल रहनी । रास्ता मे ट्रक मिलल आ ओहिमे आईल रहनी’ कहत उ ‘वीरगंज मे अईला पर पुलीस नियन्त्रण मे लेहलख ।’

काठमाण्डु मे फर्निचर के काम करेवाला रक्सौल परेउवा के लाल मोहम्मद मियाँ भी मेहरारु आ तीन सन्तान सहित घर जाए खातिर चलल रहनी । उलोग रात के गाडी चढ के जीतपुर तक अईनी । ओकरा से पैदले चलल उलोग ईनर्वा भन्सार पुगे लागला पर पुलीस नियन्त्रण मे लेहलख ।

भारत के तैयव अन्सारी काठमाण्डु मे काम करत रहलन । लकडाउन के चलते काम ना भईल, खाना के समस्या होखे लागल । वीरगंज के डा. मोहम्मद रफि अन्सारी के काका के फुन करके समस्या सुनवनी ।
पुलीस जहाँजहाँ रोकत रहे, उलोग उहाँ पास देखावत रहलन । गण्डक अईला के बाद अगाडि गाडी जाए देहले नइखे कहके गाडीवाला उतरनी ।

‘पैदल चलत रहनी । पुलीस घर कहाँ ह पुछलख, भारत कहते मातर गाडी मे राख के लिआईल’ कहके बतवनी । सबेरे ७ बजे लिअईला पर भी दिन के १ बजे तक विस्कुट आ पानी मात्र देहल उनकर सिकाईत बा ।
ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस के शिक्षा संकाय के भवन परिसर मे मिलली अप्सना खातुन ।

भारत घर भईला पर भी अप्सना खातुन के मरद कलैया मे मजुदरी करेलन । वीरगंज चण्डालचोक मे माइती बा । माई सकिला बेमार भईल खबर मिलला के बाद परिवार सहित चण्डालचोक जाए खातिर निकलनी । कलैया से पैदले वीरगंज अइनी ।

माकिर नइहर पुगे से पहिले पुलीस नियन्त्रण मे लेहलख । ‘लकडाउन जानकारी रहे, माकिर माई के ठिक ना भईला से निकलनी’ कहत उ, ‘वीरगंज मे अईला पर पुलीस पकड के इहाँ लिया के रखले बा । सबेरे से खाएके भी नइखे मिलल ।’

केहु घर जाए खातिर चलल, केहु कउन काम से निकलल ३ सय ६९ जने के पुलीस लकडाउन उल्लंघन कईल कहत वीरगंज से नियन्त्रण मे लेहले बा । पुलीस के मुताविक चईत १० गते से अन्तराष्ट्रिय सीमा नाका से आवतजावत रोकला पर भी केहु चल के त केहु गाडि से वीरगंज पुगेके क्रम रुकल नइखे ।

लकडाउन मे जे जहाँ बा, उहें रहेके पडल । माकिर अनेकन जिल्ला से आदमीसब आ रहल बाडन’ जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक विरेन्द्र शाही कहनी कि, ‘उलोग के का करेके अईसन करेके कहके छलफल हो रहल बा ।’

अईसे आदमी अईला पर संक्रमण के जोखिम सँगे व्यवस्थापन मे भी समस्या हो रहल बा । वीरगंज महानगरपालिका के नगर प्रमुख विजयकुमार सरावगी कहनी कि, ‘अईसे बहुते संख्या मे नागरिक नगर अईला पर नगरबासी असुरक्षित होखिहें ।’

पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी विष्णुकुमार कार्की भी समन्वय ना करके आदमीसब जिल्ला मे पठईला पर व्यवस्थापन मे समस्या हो रहल बतवले बाडन । ‘ट्रक से, बस से लियावल गईल बा, आदमीसब साइकल मे आईल बाडन’ कहत उ, नाका मे पुग के फोटो, भिडियो खिच के डालत बाडन ।

हैरान भइल अवस्था बा ।’ बारा, पर्सा जाएम कहते मातर आदमीसब वीरगंज पठावे के उपयुक्त ना भईल उ बतवनी । उल्था ः अनलाईन

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button