वीरगंज के कोरोना अस्पताल से दु संक्रमित भगलें

वीरगंज ०७ भादो

वीरगंज मे दु जने कोरोना संक्रमित वीरगंज हेल्थ केयर कोरोना विशेष अस्पताल से भागल बाडन ।

रात के २ बजे के ओरी राउण्ड मे गईल स्वास्थ्यकर्मी संक्रमित ना देखला के बाद पुलीस के खबर कईले रहलन ।

डिलक्स क्याबिन मे रहत आईल उलोग कईसे भागेमे सफल भईल कहके पुलीस अनुसन्धान कर रहल बा ।

अस्पताल के पिछाडि से कुद के भागल हो सकेके आशंका पुलीस के बा ।

उलोग के खोज तलास हो रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक मनोजीत कुँवर जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button