वीरगंज महानगर के मेयर के काम कारवाही उपर समाजवादी पार्टी के आपत्ति

वीरगंज १९ बैशाख
लकगाउन के समय गरिब तथा विपन्न परिवार के राहत होखेवाला किसिम से वीरगंज महानगरपालिका गुणस्तरहिन तथा सडल ढेला बन्हाईल चाउर पठावल उपर समाजवादी पार्टी वीरगंज महानगर कमिटि के गम्भिर ध्यानाकर्षण भईल बा ।
बियफे के दिने वीरगंज वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १४ पिपरा टोल मे बाँटे खातिर पठावल चाउर गुणस्तरहिन रहल वार्ड अध्यक्ष भरत कुर्मी कहला पर भी महानगरपालिका के नेतृत्व ओकरा के सवाल के घेरा भितर राखल समाजवादी पार्टी वीरगंज महानगर कमिटि के ठहर रहल बा ।
सपा वीरगंज महानगर कार्य समिति पर्सा के अध्यक्ष ईश्वरचन्द्र यादव आजु एगो प्रेस बिज्ञप्ती जारी करत अईसन घटना उपर महानगरपालिका के कार्यालय से नगर कार्य समिति के सदस्य रहेवाला किसिम से निर्वाचित वार्ड अध्यक्ष उपर छानबिन करे खातिर कार्यपालिका मातहत के कर्मचारी पठावल लोकतान्त्रिक विधि प्रकृया आ मुल्य मान्यता के बर्खिलाफ भईल बतावल गईल बा ।
अईसन घटना उपर छानबिन करे खातिर अधिकार प्राप्त सारकार के अंग से कउनो उजुरी भा सिकाईत अईला के बाद प्रयोजन से बहाल कईल राष्ट्रसेवक कर्मचारी परिचालन कईल अलगे बात ह माकिर लोकतान्त्रिक विधि आ प्रकृया के अंंगिकार करेवाला समाजवादी पार्टी से निर्वाचित मेयर विजय सरावगी पार्टी के भावना विपरित काम कईला उपर गम्भीर ध्यानाकर्षण भईल विज्ञप्ति मे उल्लेख बा ।
सपा आ रापपा एकिकरण होके गठित जनता समाजवादी पार्टी के प्रकृया आउर अगाडी बढावे के हमनी के श्रध्येय नेतालोग लागल समय वीरगंज महानगर के मेयर बिजय सरावगी से कईल अईसन हर्कत पार्टी के विधि आ सिद्धान्त विपरित भईला से एमे जरुरी कारवाही अगाडी बढावे खातिर प्रदेश आ केन्द्रिय समिति से निहोरा कईले बा ।






