वीरगंज मे आउर दु संक्रमित के मृत्यु, सावन मे ११ जने के मृत्यु

वीरगंज १७ सावन
वीरगंज मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) संक्रमण से शनिचर के आउर दु जने के मृत्यु भईल बा ।
वीरगंज–१६ नगवा निवासी ६० बरीस के जनानी के शनिचर के सँझिया ६ बजे मृत्यु भईल नारायणी अस्पताल के मेडिकल सुपरीटेन्डेन्ट डा. मदन उपाध्याय जानकारी देहनी ।
नारायणी बयोधा अस्पताल के आइसोलेसन मे ईलाज करा रहल उनकर सावन १६ गते शुक के रात कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
अस्पताल शनिचर के उनका के कोरोना विशेष अस्पताल गण्डक मे रिफर कईलख ।
माकिर गण्डक मे लियावल संक्रमित के बुझेके समय मे मृत्यु भइल मिलल डा. निरज सिंह बतवनी ।
श्वास प्रश्वास मे समस्या भईला पर भी उनका के १४ गते भवानी अस्पताल मे लेगईल रहे ।
माकिर उहाँ ईलाज सम्भव ना भईल कहत भर्ना ना लेहला के बाद नारायणी बयोधा अस्पताल पुगावल रहे ।
उहाँ भी अस्पताल भर्ना करेके ना मनलख । आरडीटी परीक्षण रिपोर्ट मँगलख ।
वीरगंज हेल्थ केयर हस्पिटल मे जाके आरडीटी करईला पर रिपोर्ट नेगेटिभ अईला के बाद रात के १ बजे के समय मे भर्ना लेहल मृतक के छोटा बेटा बतवनी ।
बयोधा मे आईसीयू चार्ज, औषधी ईलाज मे करके ८० हजार खर्च कईला पर भी माई के बँचावे ना सकल उ बतवनी ।
एहितरे वीरगंजस्थित नारायणी बयोधा अस्पताल मे ईलाज के समय मे वीरगंज १६ नगवा के ५० बरीस के जनानी के कोरोना के चलते मृत्यु भईल बा ।
निमोनिया के समस्या भईला के बाद सावन १५ गते बयोधा अस्पताल के आइसीयू मे भर्ना भईल उ जनानी के ईलाज के समय मे शुक के सबेरे १० बजे मृत्यु भईल रहे ।
शुक के सबेरे उनकर मृत्यु भईला पर भी उनका मे कारोना संक्रमण शुक के रात के मात्र पुष्टि भईल नारायणी अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डाक्टर मदन उपाध्याय जानकारी देहनी ।
मृत्यु होखे से पहिले हि ईलाज के समय मे शुक के दिने उ जनानी के स्वाब संकलन करके नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे पठावल रहे ।
‘शुक के रात प्रयोगशाला से मिलल ६४ जने के रिपोर्ट पोजिटिभ आईल रहे । ओमे उ जनानी के भी नाम रहे’, उपाध्याय कहनी ।
एकरा सँगे कारोना के चलते वीरगंज मे मृत्यु होखेवाला के संख्या १४ पुगल बा ।
वीरगंज मे बितल बियफे के दिने (सावन १५ गते) ३ जने के आ बुध के दिने (सावन १४ गते) २ जने के मृत्यु भईल रहे ।
वीरगंज मे कोरोना के चलते सावन मे मात्र ११ जने के मृत्यु भइल बा ।
पर्सा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललित बस्नेत के मुताविक वीरगंज मे कोरोना के चलते अभी तक मृत्यु भईल १४ संक्रमित मेसे पर्सा के १०, बारा के २ आ रौतहट के १ जने बाडन ।
वीरगंज मे जेठ ३१ गते लावारिस मिलल एक संक्रमित के लास अभी तक भी पहिचान खुले सकल नइखे ।
एहितरे वीरगंज–१६ नगवा गणेश टोल मे एक बुढ मुवल अवस्था मे मिलल बाडन । बारा घर भईल वीरगंज मे रहत आईल ६५ बरीस के विद्यासागर जयसवाल मृत मिलल बाडन ।
बिजुली मिस्त्री के काम करत आईल उ एक महिना पहिले दिल्ली से आईल रहलन । घर के दुवारी खुल्ला देख के पडोसी देखला पर सुतेवाला कोठरी मे मृत अवस्था मे मिलल रहलन ।
स्वास्थ्यकर्मी के टोली पीसीआर परीक्षण के खातिर स्वाब संकलन करके लेगईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी नायब उपरीक्षक मनोजीत कुँवर बतवनी ।





