शान्ति सुरक्षा के नाम मे खटल घुमुवा पुलीसलोग तस्करी करावे मे लागल आरोप

वीरगंज १३ पुस

नेपाल आ भारत के सीमा नाकासब से अवैध तरिका से मालसमान आयात निर्यात करे खातिर तस्कर आ पुलीस के ड्यूटी टोली सीमा नाका मे खट रहल मिलल बा ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा से अपराध अनुसन्धान शाखा के नाम से खटेवाला पुलीस टोली तस्कर समुह से बहुते रोपेया नजराना बुझला के बाद तस्करी के लाइन भी रेखदेख कर रहल स्थानिय प्रत्यक्षदर्शीलोग बतवले बाडन ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा से अपराध अनुसन्धान के नाम मे खटेवाला प्रहरी नायब निरीक्षक कमल पंजियार, प्रहरी सहायक निरीक्षक मोहन आले, प्रहरी हवलदार खुसीलाल यादव, प्रहरी हवलदार पैगम्बर अन्सारी आ संचार शाखा मे कार्ररयत शिवशंकर यादव लगायत के टोली आपन काम कर्तब्य निर्वाह ना करके तस्करी के काम मे सहजोग कईल सिकाईत बढल बा ।

कुछ बिचौलीया के सहजोग मे तस्करी के मालसमान आयात निर्यात करे करावे खातिर महिना के लाखो रोपेया बुझल तस्कर श्रोत जनवले बा ।

पर्सा जिल्ला के अपराध अनुसन्धान शाखा के संचार मे कारर्यरत रहल शिवशंकर यादव उपरला कुछ हाकिमलोग जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा से निकलते मातर तस्करलोग के मोबाईल मे फुन करके सुराक देहल कुछ अडियो प्रमाणसत्र बाहर आईल बा ।

श्रोत से जनावल मुताविक एक जने तस्कर खुद पत्रकार के आफ्न्त कहत सीमा नाका से अवैध रुप से तस्करी के मालसमान निर्वाध रुप से चला रहल बतवनी ।

उनका मुताविक सीमा मे खटल सशस्त्र प्रहरी के पत्रकार के नाम बेंचत धाक धम्की लगावेके आ अपराध अनुसन्धान शाखा से खटल पुलीस के लाखो रोपेया मासिक नजराना बुझावल बतवनी ।

शान्ति सुरक्षा के नाम मे खटेवाला पुलीस टोली तस्करी के मालसमान चलावे खातिर महिना के लाखो रोपेया असुलत आईल बाडन ।

सीमा के मुख्य जिम्मेवारी मिलल सशस्त्र पुलीस सीमा मे निगरानी बढईला पर भी अपराध अनुसन्धान शाखा के पुलीस कर्मचारीलोग तस्करी के लाइन देखला के साथे स्कटीङ भी कर रहल स्थानीय प्रत्यक्षदर्शी बतवले बाडन । रात के समय मे वीरगंज के अलौं, श्रीसिया नाकासब मे पुग के लाइन देख के फिर्ता आ रहल स्थानियलोग बतवले बाडन ।

पर्सा जिल्ला के अनेकन नाकासब मे घुमुवा टोली पुग के तस्कर समुह से नजराना बुझला के बाद स्थानीय पुलीस चौकीसब भी पईसा ले रहल बुझल गईल बा ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रमुख प्रहरी उपरीक्षक गंगा पन्त आपन क्षेत्र मे पडेवाला सभी सीमा नाकासब से अवैध तरिका के मालसमान बन्द रहल बतईला पर भी उनकर मातहात मे रहल पुलीसलोग लाखो रोपेया नजराना बुझ रहल एक भिडियो रेकर्ड भी बाहर आईल बा ।

शान्ति सुरक्षा के नाम मे खटेवाला नेपाल पुलीस संगठन भितर रहल कुछ अईसन भ्रष्ट पुलीस के चलते पर्सा पुलीस के नाम हि बदनाम हो रहल बा । अईसन गलत काम मे लागल पुलीस के समय मे हि उपरला निकाय से निगरानी ना कईला से पर्सा पुलीस के छबी बिगडत जा रहल स्थानिय बुद्धिजिविलोग के कहनाम रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button