शिवशक्ति फैक्ट्री के कचरा आ पानी से जनता पिडित, सरोकारवाला निकाय मौन

प्रभु यादव
बारा २० कुवार
देश मे परिवर्तन सँगे सँगे राज्य व्यवस्था बदलल बा । राज्य व्यवस्था मे तीन तह के सरकार संघिय सरकार, प्रदेश सरकार आ स्थानिय सरकार जनता के हकहित के खातिर जिम्मेवार रहल बा ।
जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका के वार्ड नम्वर ७ मे रहल फैक्ट्री शिवशक्ती ध्यु उधोग मे से निकलल कचरा, राखि आ गन्धा पानी से स्थानिय वासी लोग मे होरहल समस्या के सुनवाई कही ना होरहला से सरोकावाल लोग पर जनता मे शंका उब्जल बा ।
फैक्ट्री के नजदिक मे रहल नदि के बहाव पर कचरा आ राखि खुल्लारूप मे फेकला से स्थानिय जनता सब के हावा बहेवाला समय मे आँख मे पड के समस्या बढरहल बा स्थानिय महेन्द्र यादव जानकारी करावले बानी ।
फैक्ट्री से निकलल गन्धगी पानी सफाई ना कर के नदि आ खेत मे पानी पटावेवाला पैनी मे गिरावला से किसान के खेत मे रहल बाली नुक्सान होरहल यादव कहनी ।
स्थानिय लोग से स्थानिय तह आ जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे निवेदन देहला वाद भि कवनो सुनवाई ना भईला पर सरोकारवाला लोग कही आर्थिक बन्धन मे पड के ससनवाई ना करहल सिकायत यादव कईले बानी ।
वार्ड नम्वर ५ बलुवा दलित बस्ती के गरीब लोग नेता लोग भोट लेहलेहनी माकिर हमनी के धनिक लोग से सास्ती भोगवा रहल बानी आरोप लगावले बा ।
वार्ड नम्वर ५ के अध्यक्ष मोहित चौधरी से जनकारी लेहला पर आपने कचरा आ राखी व्यवस्थापन करवाके कहनी ।
वितल दु हप्ता से सञ्चार माध्यम मे समाचार आरहल बा स्थानिय प्रशासन का करहल बा पुछला पर आपने विकार रहनिह अब कारवाही के प्रक्रिया बढावे के आसवासन देहनी ।
वार्ड नम्वर ८ के अध्यक्ष रामबाबु पटेल से जानकारी लेहला पर फैक्ट्री से खुला रूप मे फेक रहल कचरा आ दुर्गन्धित पानी जवन गल्त बा ओकरा खातिर सम्बन्धित वार्ड से समन्वय कर के व्यवस्थापन करावे के कहनी ।
जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका के मेयर कृष्ण पौडेल स्थानिय प्रशासन से फैक्ट्री से बुझ के फोहर व्यवस्थापन करेके प्रक्रिया अगाडि बढावे के कहनी ।
फोहर व्यवस्थापन ना कईला पर कानुनी प्रक्रिया अनुसार कारवाही करे के मेयर पौडेल जानकारी करवनी ।
अभितक कवनो जानकारी ना आईल बा वार्ड अध्यक्ष लोग के व्यवस्थापन करे मे अगाडि रहे के चाहिँ जवन ना भईल पौडेल कहनी ।
बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी रूद्रप्रसाद पण्डित से जनकारी लेहला पर स्थानिय सरकार से सरसफाई व्यवस्था कानुन अनुसार कारवाही करे के पडल कहनी ।
जनता के पीडा कवनो सरकार सुनेवाला ना भईल आ आ–आपन जिम्मेवारी ना बुझला के कारण जनता सब के आँख अछईत अन्धा होखे के पररहल बा जवना के जिम्मेवार कवन होई प्रश्न हरेक जगह बनरहल बा ।
सरोकारवाला लोग सचेत होके आपन जिम्मेवारी ना बहन करी तब जनता के आपन अगुवा लोग पर विश्वास मे कमि होये के सुरूवात होगइल बा ।





