श्रोत ना खुलल २८ लाख रोपेया बरामद

रौतहट ११ भादो

रौतहट के इशनाथ नगरपालिका के लवतना से पुलीस श्रोत ना खुलल २८ लाख ५१ हजार ९६० रोपेया बरामद कईले बा ।

इशनाथ नगरपालिका ९ लवतना मे भारत ओरी से आ रहल कईल बीआर३०एन९५८० नम्बर के भारतीय मोटरसाइकल चेकजाँच करेके समय मे एक युवक के साथ से उ रोपेया बरामद भईल सशस्त्र पुलीस बल जनवले बा ।

नेपाल भारत सिमाना से लवतना ओरी आ रहल इशनाथ–९ के २० बरीस के दिलीपकुमार साह के साथ से श्रोत ना खुलल रोपेया बरामद भईल सशस्त्र प्रहरी बल ११ नम्बर गण के उपरीक्षक सूर्यबहादुर सेन ओली बतवनी ।

मोटरसाइकल के अनेकन भाग मे लुकाके लिया रहल समय बरामद भईल उ रोपेया के बारे मे आउर अनुसन्धान हो रहल सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक ओली बतवनी ।

पिछिलका समय रौतहट के पश्चिमी नाका होत नेपाल ओरी लियावल श्रोत ना खुलल लाखो रोपेया बेर बेर पुलीस बरामद कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button