संसद विघटन के विरोध मे कांग्रेसी नेता कार्यकर्तालोग गौर मे कईलें बिरोध प्रदर्शन

मेवालाल यादव

रौतहट ०३ फागुन

रौतहट जिल्ला के सदरमुकाम गौर मे नेपाली काँग्रेस के नेता कार्यकर्ता विशाल जुलुस प्रर्दशन कईले बाडन ।

प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली के संसद विघटन के कदम के विरोध मे कांग्रेस कार्यकर्तालोग आजु गौर मे बिरोध प्रदर्शन कईले बाडन । गौर राइसमिल से शुरु भईल जुलुस नगरपरिक्रमा करत प्रधानमन्त्री ओली के कदम के विरोध मे कडा नाराबाजी सहित बिरोध प्रदर्शन कईले रहलन ।

कार्जक्रम मे रौतहट परोहा नगरपालिका के नगर प्रमुख शेख वकिल प्रधानमन्त्री खड्ग प्रसाद ओली के घमण्ड के चलते देश आ जनता के दुःख मिलल बतवनी । नगर प्रमुख शेख वकिल प्रधानमन्त्री से संविधान उपर कुठाराघात करके अधिनायकवाद लादत सत्ता कब्जा करेके खोजल आरोप लगवनी ।

वकिल के मुताविक सरकार के गैरसंवैधानिक कदम के फैसला अब अदालत से करेवाला भईला से ३ करोड जनता से न्यायलय ओरी देख रहल बतावत देश आ संविधान के रक्षा के खातिर काँग्रेस आन्दोलन कर रहल स्पष्ट कइनी ।

बिरोध प्रदर्शन कार्जक्रम मे बिधायक रामचन्द्र गीरी, नौसाद आलम, नवालाकिसोर शाह, नगर प्रमुख रामस्नेही यादव, नगर प्रमुख शेख सकिल, रघुनाथ प्रसाद कलवार, समाजसेवी शेख जुमाइ, लालाबिहारी लगायत के नेता कार्यकर्तालोग के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button