सरिता गिरी के समाजवादी पार्टी से निकालल गईल, सांसद पद गईल

काठमाण्डु २३ असाढ,
समाजवादी पार्टी नेतृ सरिता गिरी के पार्टी से निस्कासन करेके निर्णय कईले बा । आजु बईठल पार्टी कार्यकारीणी समिति के बईठक से गिरी के पार्टी आ संघीय संसद के सदस्य से हटावे के निर्णय कईले बा । महासचिव रामसहायप्रसाद यादव के नेतत्व मे तीन सदस्यीय कार्यदल के सिफारिस मुताविक निर्णय भईल नेता इस्तियाक राई जानकारी देहनी ।
गिरी संसद मे पार्टी के ह्वीप उल्लंघन कईले रहनी । लिम्पियाधुरा, कालापानी आ लिपुलेक क्षेत्र समेटल नयाँ नक्सा मुताविक निशान छाप परिर्वतन करे खातिर सरकार से लियावल संविधान संशोधन विधेयक मे गिरी संशोधन डलले रहली । समाजवादी पार्टी के संसदीय दल से संशोधन फिर्ता लेवेके आ विधेयक के पक्ष मे मतदान करे खातिर निर्देशन देहला पर भी उ अटेर कईले रहनी । ओकरा बाद उनका के कारबाही करेके तइयारी रहे । ई बारे मे छानविन करे खातिर बनल कार्यदल से भी उ मुताविक हि सिफारिस कईला के बाद कार्यकारीणी समिति ओकरा के औपचारिकता देहले बा । गिरी कहनी कि, पार्टी से षड्यन्त्र करके सांसद से हटावे के निर्णय कईल कहत अदालत जाएके बतवले रहनी ।






