सर्लाही मे निषेधाज्ञा के म्याद एक हप्ता बढल

जनकपुरधाम ७ भादो
सर्लाही मे निषेधाज्ञा के म्याद तिसरका बेर एक हप्ता के खातिर थप कईल बा ।
अब जिल्ला मे आवेवाला भादो १४ गते तक के खातिर निषेधाज्ञा जारी रही । कोरोना सक्रमण फईले के क्रम ना रुकला के बाद निषेधाज्ञा के म्याद थप करेके पडल प्रमुख जिल्ला अधिकारी सुरेन्द्र पौडेल जानकारी देहनी ।
कोरोना भाइरस संक्रमण रोकथाम तथा नियन्त्रण के खातिर गठित जिल्ला स्तरीय समिति के एतवार के दिने बईठल बईठक से निषेधाज्ञा थपेके सिफारिस कईला के बाद समय थप कईल प्रमुख जिल्ला अधिकारी पौडेल बतवनी ।
पिछिलका बेर सावन ३२ सावन से भादो ७ गते तक आ ओकरा से पहिले सावन २६ गते से ३२ गते तक के खातिर जिल्ला मे निषेधाज्ञा जारी कईल रहे ।





