सांसद यादव स्वास्थ्यकर्मी आ सञ्चारकर्मी के स्वास्थ्य सामान देहनी

वीरगंज २४ बैशाख,

पर्सा क्षेत्र नम्बर १ के सांसद प्रदीप यादव आपन निर्वाचन क्षेत्र के सरकारी स्वास्थ्य संस्था के स्वास्थ्यकर्मी आ सञ्चारकर्मी के कोरोना के महामारी से बँचे खातिर स्वास्थ्य उपकरण आ सामान देहले बानी ।

निर्वाचन क्षेत्र नम्बर १ मे रहल वीरगंज महानगरका १९ गो स्वास्थ्य चौकीसब मे आज सांसद यादव पीपीइ सेट, थर्मल गन, एन नाइन्टी फाइभ मास्क, सेनेटाइजर आ ग्लोब्स देहले बानी ।

आजु हि सांसद यादव वीरगंज मे कार्यरत सञ्चारकर्मी के भी एन नाइन्टी फाइभ मास्क, सेनिटाइजर आ ग्लोब्स बँटले बानी । वीरगंज के घण्टाघर चोक मे बोला के ५० से बेसी सञ्चारकर्मी के यादव उ सामान देहले रहनी ।

उ अवसर मे नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा के थर्मल गन एक थान, सय ग्राम लिटर सेनेटाइजर, ग्लोब्स, मास्क सहित के सामान महासंघ पर्सा के अध्यक्ष श्याम बंजारा के देहनी ।

संसद सचिवालय से मिलल आपन तलब से उ सामान किदन के स्वास्थ्यकर्मी आ सञ्चारकर्मी के देहल सांसद यादव बतवनी ।

उ अवसर मे नेपाल पत्रकार महासंघ के प्रदेश २ अध्यक्ष दिपेन्द्र चौहान, पर्सा शाखा अध्यक्ष श्याम बंजारा, पूर्वअध्यक्ष अशोक तिवारी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button