सामूहिक बलात्कार के आरोपी युवक पकडईलें

जनकपुरधाम ७ भादो
धनुषा मे सामूहिक बलात्कार मे संलग्न के आरोप लागल एक युवक पकडाईल बाडन ।
बितल भादो १ गते सँझिया ६ बजे के ओरी १६ बरीस के किशोरी उपर भईल सामूहिक बलात्कार मे संलग्न के आरोप लागल धनुषाधाम नगरपालिका– २ धरमपुर के १९ बरीस के विजयकुमार यादव पकडाईल बाडन ।
भादो १ गते धरमपुरस्थित धान खेत मे चार जने मिल के किशोरी उपर सामूहिक बलात्कार भईल रहे ।
आपन दु जने गाँव के दाजु के साथ उ किशोरी दिदी के घर ओरी जा रहल समय मोटरसइकल मे आईल चार जने युवक के समूह सामूहिक बलात्कार कईल किशोरी के कहनाम उद्धृत करत पुलीस जनवले बा ।
किशोरी के साथ मे रहल दु जने के हाथपात करत घर पठाके किशोरी उपर बलात्कार भईल रहे ।
घटना के अनुसन्धान के समय मे किशोरी से टिपावल हुलिया के आधार मे एक जने के पकडल गईल धनुषा प्रहरी के प्रवक्ता मकेन्द्र मिश्र जानकारी देहनी ।
उनका बिरुद्व करणी सम्बन्धी मुद्दा मे अनुसन्धान के खातिर जिल्ला अदालत से अनुमति लेहल मिश्र बतवनी ।




