स्वास्थ्य सामान किनेमे संलग्न उपर कारवाही करे खातिर देउवा के निहोरा

काठमाण्डु २१ चईत,

नेपाली काँग्रेस के सभापति शेरबहादुर देउवा जरुरी स्वास्थ्य सामान खरीद मे संलग्नलोग के जिम्मेवारी से मुक्त करके अनुसन्धान आ कारवाही के प्रक्रिया के सहजोग करे खातिर प्रधानमन्त्री के निहोरा कईले बानी ।

सभापति देउवा आजु वक्तव्य जारी करके उ विषय मे अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग भी गहिरो अनुसन्धान करे खातिर आ कारवाही के प्रक्रिया अगाडि बढावल जरुरी भईल बतवले बानी ।

कोरोना भाइरस के जोखिम से नेपाल आ नेपाली के जोगावे खातिर आपन दल सरकार के साथ मे रहल आ हरसम्भव सहजोग कर रहल बतावत उ धैर्य, पारदर्शिता एवं विधि प्रक्रिया के पालना के साथ युद्धस्तर मे काम करे खातिर सरकार के सुझाव देहले बानी ।

प्रतिनिधिसभा मे विपक्षी दल के नेता देउवा ‘काठमाण्डु प्रेस डटकम’ मे प्रकाशित कहल खरीद प्रकरण के समाचार ‘साइबर’ अतिक्रमण मे पडल कहके आपत्ति जनावत दोषी के कारवाही के दायरा मे लियावे खातिर सम्बन्धित निकाय के निहोरा कईले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button