२१ वाँ शताब्दी मे सूचना प्रविधि के बेसी लाभ लेके देश के विकास मे योगदान पुगावल जरुरी :- पूर्वराष्ट्रपति यादव

अजय कुमार चौरसिया
वीरगंज ०९ माघ,
गणतन्त्र नेपाल के पहिलका राष्ट्रपति डा. रामवरण यादव ई २१ वाँ शताब्दी मे सुचना प्रविधि बहुते जरुरी विषय रहल बतवले बानी ।
कम्प्युटर एसोशिएसन नेपाल महासंघ जिल्ला शाखा पर्सा के आयोजना एवं क्यान प्रदेश नं. २ के संयोजन मे वीरगंज के नगरसभागृह मे आजु से शुरु भईल क्यान इन्फोटेक मेला के उदघाटन करत पूर्व राष्ट्रपति डा. यादव सूचना प्रविधि के दुरुपयोग के कम करत एकरा से फायदा लेवे खातिर सभी युवा पुस्ता के निहोरा कइनी ।
नेपाल मे सुचना प्रविधि के क्षेत्र मे क्यान महासंघ उल्लेख्य योग्दान पुगावल कहके सराहना करत नेपाल सुचना प्रविधि के क्षेत्र मे बडका फड्को मारे ना सकला पर भी अइसन आईटि मेलासब से नेपाल मे सुचना प्रविधि के विकास मे सहजोग पुगेके बतवनी । मेला के उदघाटन डिजीटल प्रविधी मार्फत रोबोट के माध्यम से रिबन काट के कईले रहनी ।
कार्जक्रम मे सूचना प्रविधि से लाभ लेके देश के विकास मे योगदान करे सकेके पूर्वराष्ट्रपति यादव बतवनी । “आजु के युग मे सूचना प्रविधि के बेसी लाभ लेके देश के विकास मे योगदान लेहल जा सकता कहत नागरिक के अपडेट करके संसार से जोडत अगाडि बढेके पडि” कहके बतवनी ।
क्यान महासंघ के केन्द्रिय अध्यक्ष नवराज कुँवर सूचना प्रविधि के विकास से मात्र समृद्ध नेपाल, सुखी नेपाली के सपना पुरा होखेके बतवनी । “यातयात लगायत हरेक क्षेत्र मे सूचना प्रविधि जोडेके पडि, आधारभूत तह से सूचना प्रविधि के शिक्षा देवेके पडि ।

टोल टोल मे डिजिटल साक्षरता अभियान चलावेके पडि” कहके बतवनी । विकसित देश ४० बरीस अगाडि सूचना प्रविधि मार्फत सेवा प्रवाह कईला के चलते आजु के स्थान मे पुगल बतवनी ।
क्यान पर्सा के अध्यक्ष दीपक साह के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे प्रभु पे के विजय अधिकारी, वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के बरिष्ठ उपाध्यक्ष सुवोध गुप्ता, नेपाली कांग्रेस के नेता जर्नादन सिंह क्षेत्री, भारतीय महावाणिज्य दुतावास के महावाणिज्यदूत नितिश कुमार लगायत के लोग प्रविधि से सहजता सँगे विकृति भी लियावल बतवनी ।
माघ १३ गते तक सञ्चालन होखेवाला इन्फोटेक मे आइएसपी, कम्युटर सफटवेयर, हार्डवेयर, बैंकिङ, इन्स्योरेन्स, मोबाईल, एन्टीभाइरस के ६० गो स्टल राखल गईल बा । रोबोट प्रतियोगिता, आईटी म्युजियम, आईसीटी छात्रवृत्ति, छुट दर मे अनेकन उपकरण मेला के आकर्षण रहल क्यान महासंघ के महासचिव दिपेन्द्रराज सिंह गिरी बतवनी ।

मेला मे हरेक दिन सूचना आ प्रविधि के अनेकन क्षेत्र के बारे मे जानकारी मुलक सेमिनार, अभिमुखीकरण, प्यानल छलफल आ प्रदर्शनी भी राखेके क्यान प्रदेश नं. २ के अध्यक्ष आलोक चौरसिया जानकारी देहनी ।२८ बरीस पहिले स्थापना भईल क्यान ६० जिल्ला मे शाखा विस्तार कईले बा ।
इहे बरीस ७ गो प्रदेश मे क्यान इन्फोटेक के आयोजना करेके लक्ष्य लेहले बा ।






