२ लाख ८१ हजार धरौटी बुझा के छुटलें कलैया के नगर प्रमुख यादव

प्रभु यादव
बारा १० बैशाख
राहत मे सडल दाल बाँटल अभियोग मे पकडाईल बारा के कलैया उपमहानगरपालिका के नगर प्रमुख राजेश राय यादव धरौटी मे छुटल बाडन ।
जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा से माग कईल २ लाख ८१ हजार रोपेया धरौटी बुझाके उ बुध के सँझिया तारेख मे छुटल बाडन ।
प्रमुख जिल्ला अधिकारी रुद्र प्रसाद पण्डित के इजलास से आजु सँझिया मेयर यादव आ धनलक्ष्मी दाल मिल के सञ्चालक तेजकरण जैन सँगे २ लाख ८१ हजार धरौटी मँगले रहे । दाल प्रकरण मे नगर प्रमुख भी पडला के चलते जिल्ला प्रशासन मे अबेर रात तक इजलास खोलल रहे ।
नगर प्रमुख यादव सहित ११ जने विरुद्ध पुलीस कालाबजारी तथा सामाजिक अपराध ऐन २०३२ अन्र्तगत जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे मुद्दा दर्ता करवले रहे ।
आउर प्रतिवादीलोग सँगे प्रशासन ६० हजार रोपेया धरौटी माग कईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।
राहत मे सडल दाल बाँटला के बाद दाल नियन्त्रण मे लेके घटना के अनुसन्धान सुरु कईले रहे । नगर प्रमुख यादव के काका के बेटा रोशन कहेवाला रविन्द्र यादव, यादव आइस एण्ड कोल्ड स्टोर के मुन्सी बच्चु दास कहेवाला बच्चु यादव, कृष्णप्रसाद यादव, कलैया वार्ड नं २७ के वार्ड अध्यक्ष रियाजुल अन्सारी, वार्ड नं १ के वार्ड अध्यक्ष हरिओम प्रसाद सोनार, वार्ड नं ७ के अध्यक्ष सैफुल्लाह मियाँ अन्सारी, वार्ड नं ११ के अध्यक्ष सर्व नारायण चौधरी, वार्ड नं १३ के अध्यक्ष राजन प्रसाद कुर्मी, वार्ड नं २६ के महेश साह से ६० हजार धरौटी माग कईल बा ।
वार्ड नं २० के सचिव खेदु मियाँ के संलग्नता ना देखल गईला के बाद उनका विरुद्ध माग दावी पेश हि ना कईल डिएसपी मिश्र जानकारी देहनी ।
कलैया उपमहानगरपालिका के अनेकन वार्ड २०७३ साल से यादव आइस एण्ड कोल्ड स्टोर मे जम्मा करके राखल सडल दाल राहत मे बाँटल गईल रहे । वार्ड नं २० बसतपुर मे भी सडल दाल बाँटे लागला के बाद पुलीस २५ बोरा दाल नियन्त्रण मे लेके अनुसन्धान सुरु कईले रहे ।
प्रारम्भिक अनुसन्धान के समय मे दाल यादव आइस एण्ड कोल्ड स्टोर से किनल खुलल रहे । २०७६ चईत २९ गते सबेरे कोल्ड स्टोर्स मे छापामारी करके २५ किलो के ३ सय ८० बोरा दाल शिलबन्दी कईले रहे । उ
दाल के नमुना संकलन करके हेटौंडा स्थित खाद्य प्रविधि तथा गुण नियन्त्रण कार्यालय मे परीक्षण करईला पर दाल गुणस्तरहिन प्रमाणित भईल रहे ।
पुलीस दुसरका बेर छापमारी करके आउर २२ हजार ५ सय किलो रहर के दाल बरामद कईले बा ।
स्टोर ५० किलो के ४ सय ५० बोरा दाल बरामद भईला के बाद नमुना संकलन करके परीक्षण के खातिर पठईला के साथे कोल्ड स्टोर्स मे सिलबन्दी कईले रहे ।





