६५ वाँ प्रहरी दिवस मे गैर पुलीस भी सम्मानित, जिप्रका बारा आलोचना के शिकार

प्रभु यादव
बारा ०१ कातिक,
६५ वाँ प्रहरी दिवस बारा जिल्ला मे बहुते धुमधाम से मनावल गईल बा ।
दिवस के अवसर मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा मे गैर पुलीस के भी सम्मान कईला मे अभी कलैया के चौक चौराहा पर आलोचना भी हो रहल देखल गईल बा ।
कवनो भी पेशा के समान आ मनोवल बढावे ला दिवस आ उत्सव के आयोजना कईल जाला जवन सुक के दिन नेपाल के हरेक जगह कईल गईल ।
प्रहरी कार्यालय बारा से दिवस के अवसर पर सम्मान कार्जक्रम कर के ४० जने के समान कईले बा ओकर समाज मे आलोचना आ चर्चा परिचर्चा हो रहल बा ।
दिन रात काम कईल लोग मे से १७ जने आ जे लोग सब दिन सिकायत करेला उ लोग मे से २३ जने के सम्मान कईल गईल जवन चर्चा के विषय बनल नाम ना छापे के शर्त मे पेन्सन भईल प्रहरी अधिकृत सिकायत कईले बानी ।
समान कार्जक्रम मे जिल्ला के अगुवा लोग के कुछ ना कुछ स्वर्थ रहल जइसन देखल गईल बा । भोजपुरी मे कहावत बा “हर बहे से खर खाए बकरी आंचार खाए” जईसन मिलता जुलता भईल रिटायर पुलीस के कहनाम रहल बा ।
प्रहरी लोग के देहल गईल सम्मान सराहनीय रहल काम के कदर कईल गईल जवना से पुरा प्रहरी टिम के भवना मे सेवा प्रति आकर्षण बढी कहके उ रिटायर पुलीस जानकारी देहनी ।
जे लोग संगठन से बाहर के बा उलोग सब दिन काम कर के सम्बन्ध मे सिमानापर जनता के दुःख देहलख माकिर व्यापारी के संरक्षण कईलख उ लोग सम्मानित भईला मे आलोचना करत कहत आईल लोग के रोके के खातिर प्रशंसा पत्र देके चुप लगावे वाला काम कईल गईल कलैया १४ के रमेश ठाकुर आरोप लगावले बानी ।
प्रहरी प्रमुख लोग के जे आगे पिछे करेला उलोग के सम्मान कईल आ विशेष प्रथमिक्ता देहल गईल यदुवशी यादव सिकायत कईले बानी ।
वितल दिन मे बारा मे आईल प्रहरी प्रमुख लोग के कवनो सराहनिय काम कईले होखो चाहे ना माकिर उ लोग आवे जाएके समय मे कुछ लोग आ संस्था सम्मान करत आईल बा जउन पद्धती ठिक ना भईल स्थानिय बुद्धिजिविलोग के कहनाम रहल बा ।
सम्मान कईल गलत ना ह, माकिर जउन आदमी आपक कर्तव्य जिम्मेवारी आ ईमान्दारी पूर्वक निर्वाह कईले बा ओकरा के सम्मान करेके चाहिं । माकिर जउन आदमी सर्वसाधारण के कउनो भी किसिम से राहत ना देहलख, सिमा नाका से तस्करी लगायत के अपराध करे आ करावेवाला के सम्मान कईल उचित ना होखेके नागरिक समाज के एक अगुवा बतवनी ।
कालहु भईल सम्मान कार्जक्रम मे पुलीस लोग के सम्मान भईल, जउना से उलोग के मनोबल बढ के आवेवाला दिन मे आउर बढिया काम करेके हौसला मिली । प्रहरी दिवस मे शहिद पुलीस परिवार, जिल्ला मे बढिया काम करेवाला पुलीस के सम्मान कईल जाला माकिर इहाँ कुछ गैर पुलीस के सम्मान कईला से भी आलोचना हो रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के एक पुलीस अधिकृत भोजपुरी टाइम्स दैनिक से प्रतिक्रिया देहनी ।
माकिर जउन आदमी पुलीस के आगेपाछे घुमेला, कउनो भी घटना मिलवा देम कहत सर्वसाधारण भा अपराध मे संलग्न आदमी से गलत गरिका से पईसा लेके ठगी करेला ओकरा के कउनो भी हालत मे सम्मान कईल उचित ना भईल एक पुलीस अधिकृत हि जानकारी देहनी ।





