चउथका करैयामाई पिपरा गोल्ड कप २०७६ सोमार के खेल मे बागमती युथ क्लव जितल

बारा २० माघ,
बारा के करैयामाई गावपालीका के पंचगछीया खेल मैदान मे होरहल चउथका पिपरा गोल्डकप के सोमार के दिन भईल खेल मे शून्य के विरूध्द एक गोल से बागमती युथ कल्व सर्लाही जित हात परले बा ।
गोल्ड कप के पचवा दिन शसस्त्र प्रहरी २ नम्वर बाहीनी बर्दीवास आ बागमती युथ क्लव सर्लाही के बिच खेल भईल रहल । खेल मे निधारीत समय भर मे दुनु टिम से कवनो ओर गोल ना भईल समय समाप्त भईला पर ट्राईब्रेकर मे खेल कईल गईल ।
ट्रामे बागमती युथ क्लव के मनिस थापा मगर के गोल से जित हासिल भईला पर शून्य के विरूद्ध एक गोल से विजयी भईल घोषण कईल गईल । खेल मे वागमती युथ क्लव के जर्सी नम्वर २२ के मनीष थापा मगर के म्यन अफ दि म्याच घोषित भईनी ।
गोल्ड कप के सृजनशिल युवा क्लव पिपरा आयोजना कईले बा । गोल्ड कप मे मगर के दिन मोतीराजा युवा क्लव उदयपुर आ सिमरा युनाईटेड के बिच होई आयोजक जनकारी करावले बा ।






