काठमाण्डु से भारतीय यात्रु लेके वीरगंज आईल ५ गो गाडी

वीरगंज १६ चईत,
लकडाउन के समय मे काठमाण्डु से वीरगंज आईल ५ गो सवारी साधन पुलीस से नियन्त्रण मे लेहले बा ।
काठमाण्डु से आईल एगो जिप, एगो माइक्रोबस आ ३ गो बस पुलीस नियन्त्रण मे लेहले बा । ग २ च ७८०२ नम्बर के सुमो जिप, बा २ ख ४५९४ नम्बर के माइक्रोबस आ लु १ ख ६८६०, ना ५ ख ११०६, प्रदेश नं ३–०३–०१ ख ००६६ बस अलपत्र भारतीय आ नेपाली यात्रु लेके सबेरे वीरगंज आइल रहे । उ सवारी साधन मे १ सय २८ जने भारतीय सहित १ सय ३९ जने यात्रु रहलन ।
सबेरे नियन्त्रण मे लेहल गाडी के यात्रु के गन्तव्य मे पुगावे खातिर समन्वय हो रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता डीएसपी वीरेन्द्र शाही जानकारी देहनी ।
“५ गो सवारी साधन मे १ सय २८ जने भारतीय सहित १ सय ३९ जने आईल बाडन” डिएसपी शाही कहनी कि “भारतीय के ओने पठावे खातिर समन्वय हो रहल बा, नेपालीलोग आपन आपन गन्तव्य मे गईल बाडन ।”
५ गो गाडी के सबेरे छोडल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा । अनेकन जगहा मे अलपत्र पडल आदमीसब घर जाए ना मिलल सिकाईत कर रहल बाडन । विर्तामोड– ४ घर भईल भारत के बिहार मे होटल मे काम करेवाला ११ जने वीरगंज मे अलपत्र बाडन ।
एहितरे बारा के आदर्श कोतवाल गाँवपालिका बरियारपुर क्षेत्र के १५ जने, विराटनगर के बुधहरी चोक मे क्याम्प बनाके रहत बाडन । विराटनगर मे ज्याला मजदुरी करत आईल उलोग लकडाउन के चलते सवारी साधन ना चलला के बाद अलपत्र पडल बाडन ।






