वीरगंज रक्सौल नाका मे एक हजार से बेसी भारतीय अलपत्र

वीरगंज १७ चईत,

लकडाउन मे नेपाल के अनेकन क्षेत्र से घर फिर्ता जाए लागल करिब एक हजार से बेसी भारतीय वीरगंज रक्सौल नाका मे अलपत्र पडल बाडन ।

नेपाल के काठमाण्डु, पोखरा, नारायणगढ लगायत के अनेकन जगहा से वीरगंज नाका होत घर फिर्ता हो रहल भारतीय नागरिक के भारतीय सुरक्षाकर्मी भारत प्रवेश करे ना देहला के बाद उलोग भुखेपियासे अलपत्र अवस्था मे पडल बाडन ।

अनेकन जगहा से सार्वजनिक बस मे आईल उलोग एतवार के रात वीरगंज आइल भारतीय के वीरगंज रक्सौल नाका के मितेरी पुल मे भारतीय सुरक्षाकर्मी रोकले बाडन । भारत जाए ना मिलला के बाद मितेरी पुल मे करिब १ हजार से बेसी भारतीयलोग भुखे पियासे अलपत्र पडल बाडन । नेपाल आ भारत दुनु देश मे लकडाउन भईला से नाका आसपास मे किराना दोकान भी बन्द के चलते रात से भुखे रहल उलोग बतवले बाडन ।

वीरगंज नाका से पैदल चलके रक्सौल जाएके खोजला पर मितेरी पुल मे ढाट लगाके बईठल भारतीय सीमा सुरक्षा बल (बिएसएफ) के सुरक्षाकर्मी घुसे ना देहल भारत बिहार मोतीहारी के राजेश सिंह बतवनी । बिएसएफ के जवान उपर के आदेश ना आवे तक भारत जाए ना देवेके कहत मध्यरात से मितेरी पुल मे रोक के राखल उ बतवनी ।

रात के १० बजे से हि हमनी के बिएसएफ के जवान घुसे नइखन देहले, “मोतीहारी के राजा सिंह कहनी कि, “इहाँ दोकान भी खुलल नइखे, ओने वीरगंज ओरी भी नेपाली सुरक्षाकर्मी फिर्ता होखे नइखन देहले, भुखे मर रहल बानीसन् ।”

नाका मे अलपत्र पडल बिहार मझौलीया के प्रेम चन्द ठाकुर कहनी कि, “नेपाल सरकार हमनी के समस्या बुझ के वीरगंज नाका तक आवे देहलख,” माकिर हमनी के कआपन मोदी सरकार दुःख देरहल बाडन ।”

वीरगंजस्थित भारतीय महावाणिज्य दूतावास के वाणिज्यदूत सुरेश कुमारभारत मे भी लकडाउन रहला पर भी नेपाल मे रहल भारतीय के नेपाली नाका से भारत पठावे मे नेपाल सरकार के गल्ती भईल बतवनी । अलपत्र पडल भारतीय के नाका मे खाना के व्यवस्था मिलावे सकेके बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button