डेरा मे डाक्टर आ नर्स के अवरोध ना कईल जाँव : स्वास्थ्य मन्त्रालय

काठमाण्डु ३ जेठ
महामारी के समय अग्रमोर्चा के काम करेवाला स्वास्थ्यकर्मी के सभी से सम्मान आ सहजोग करके चाहिं ।
माकिर हमनी के समाज एतना स्वार्थी आ असहिष्णु बने लागल बा कि स्वास्थ्यकर्मीलोग के अस्पताल से डेरा मे फिर्ता होखे खातिर भी कैयन घरधनी अवरोध कईल समाचार आवे लागल बा ।
कोरोना महामारी के समय आपन ज्यान जोखिम मे राख के मरेजी के सेवा मे लागल स्वास्थ्यकर्मी, डाक्टर आ नर्सलोग के डेरा भा घर मे आवत–जावत करेमे अवरोध करेके तथा उलोग के हतोत्साहित बनावेके काम ना करे खातिर शनिचर के दिने स्वास्थ्य मन्त्रालय निहोरा कईले बा ।
स्वास्थ्य मन्त्रालय के प्रवक्ता डा. विकास देवकोटा कहनी कि, ‘स्वास्थ्यकर्मीलोग कोभिड १९ के विषय मे अत्यन्त जानकार बानी ।
कोभिड १९ के नियन्त्रण मे खटेवाला पहिलका पंक्ति के योद्धालोग के बढिया से जानकारी बा कि कईसे संक्रमण से बाँचेके आ कईसे दोसर के संक्रमण होखे से बँचावे के ।’
डा. देवकोटा कहनी कि, ‘ई समय मे उलोग के मनोबल बढावेके पडि ।
उलोग के सुरक्षित राखेके पडि । उलोग के सहजोग करेके पडि ।
अईसन कईला के बदले उलोग के मनोबल गिरावेके, उलोग के असहजोग करेके आ घर मे घुसे ना देवेके लगायत के कामसब गलत रहल बा’ कहके बतवले बानी ।





