दारु पिएआवेवाला भारतीय के चलते पर्सा के ग्रामीण सीमा से जुडल नेपाली बजार मे असुरक्षा बढल

जिराभवानी ०६ माघ,
भारत के बिहार मे दारु पर रोक लागला के बाद दारु पिए खातिर सीमावर्ती नेपाली बजार आवेवाला भारतीय के संख्या दिन पर दिन बढत गईल बा । सीमा क्षेत्र के बजार मे दारु दोकान आ होटल खुलेके क्रम भी बढल बा । भारतीय के बहुते उपस्थित होखेवाला सीमा क्षेत्र के दारु दोकानसब मे जघन्य अपराध के अभियुक्त आ गुण्डागर्दी मे संलग्नलोग भी आरहल पुलीस स्रोत के दाबी रहल बा ।
बिहार मे दारु रोक लागेसे पर्सा के सीमा मे पडेवाला भारतीय बजार भिस्वा, जानकीटोला, दसावता, पिपलडाडी, महादेवपट्टी के बलुवा, सुवर्णपुर, बाघमोर्चा, बिजयबस्ती, निर्मलवस्ती, ठोरी लगायत के जगहा मे दारु बिक्री मे बढोतरी भईल स्थानीयलोग के कहनाम रहल बा ।
जिराभवानी गाँवपालिका के स्थानीयबासीलोग के मुताविक दारु पिए खातिर आवेवाला भारतीय के चलते सीमा क्षेत्र मे झै–झगडा बढल बतवले बाडन । ‘दारु दोकान आ होटलसब व्यवस्थित करे सकला पर आपराधिक घटना से बँचल जा सकता, प्रशासन नियमित अनुगमन करके अबैध दारु भट्टी तथा होटलसब उपर कडाइ सुरु कईला पर हमनी साथ देहेम” बतवले बाडन ।
पर्सा के पुलीस प्रशासन के मुताविक खुला सीमा के चलते भारत से खारु पिए आवेवाला के नियन्त्रण करेमे समस्या भईल बतवले बाडन । दारु आ ओकरा से लियावे सकेवाला अनेकन विकृति आ आपराधिक घटना के बारे मे खुदसब गम्भीर रहल उलोग के कहनाम बा ।
भारत के प्रशासन आ सुरक्षा अधिकारीलोग बीच होखेवाला औपचारिक बईठक मे दारु आ आपराधिक गतिविधि नियन्त्रण के बारे मे छलफल होखी, हमनी आपन भुमी मे निगरानी बढवले बानी’ कहके बतवनी । सीमाक्षेत्र के पाँच सय मिटर भितर दारु खरिद बिक्री मे रोक लगावल पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी बतवले बानी । अवैध व्यापार के रोके खातिर गस्ती भी करेके प्रजिअ के कहनाम बा ।
माकिर अवैध रूप मे खुलल दारु दोकान से एकदिन हजारो के व्यापार करत आईल बाडन । जानकीटोल के एक व्यापारी के मुताविक नेपाल से भारत दारु तस्करी करेवाला के चलते हरेक दिन ५० हजार तक के दारु बिक्री होखेला । बिहार मे मुख्यमन्त्री नीतीश कुमार १ अप्रिल २०१६ से दारु उपर रोक लगवले रहनी । ओकरा बाद भारतीय पुलीस दारु पिएवाला उपर कडाई कईले बा ।
बिहार मे दारु पियला पर पाँच से १० बरीस जेल सजाय भा एक लाख जरिवाना भा दुनु सजाय होखेके व्यवस्था बा । अइसन व्यवस्था भईला के बाद भारतीयलोग नेपाल के सिमावर्ती बजार मे दारु पिए आवेवाला के संख्या बढल बा |






