पर्सा के अनिरुद्ध के लास मकवानपुर मे मिलल, हत्या कईल आशंका

भोटा. संवाददाता
वीरगंज ०६ माघ,
पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका वार्ड नं. ४ कट्टी बलुवा स्थायी घर भईल वीरगंज १३ राधेमाई रहेवाला २८ बरीस के अनिरुध प्रसाद चौहान के लास मकवानपुर के भिमफेदी गाँवपालिका वार्ड नं. २ मे मिलल पुलीस जनवले बा । एतवार के सबेरे ९ बजे अनिरुद्ध के लास मिलल जिल्ला प्रहरी कार्यालय मकवानपुर के प्रहरी निरिक्षक ललन प्रसाद कुर्मी बतवनी ।
सडक से ५÷६ मिटर निचे ना ५२ प ४६१६ नम्बर के मोटरसाइकल गाछि मे अडकल अवस्था मे मिलल आ उनकर लास भी उहे जगहा मे मिलल प्रहरी निरीक्षक निरिक्षक कुर्मी बतवनी । मृत अवस्था मे मिलल अनिरुद्ध के लास परिक्षण मकवानपुर जिल्ला अस्पताल मे भईला के बाद उनकर आफन्तजन लास बुझ के लेगईल प्रहरी निरिक्षक कुर्मी बतवनी ।
मृतक अनिरुद्ध के मुडि मे छेद आ देह के अनेकन भाग मे चिन्हा देखल गईला से मार के बिगल हो सकेके पुलीस के आशंका बा । मृतक अनिरुद्ध के कल डिटेल निकालेके काम हो रहल आ बिहान मंगर तक कल डिटेल अईला के बाद मात्र कुछो कहे सकेके प्रहरी निरिक्षक कुर्मी बतवनी ।
वीरगंज के एडभान्स हाँस्पिटल मे कार्यरत मृतक अनिरुद्ध शुक के दिने डिउटी भी गईल रहलन । उ शनिचर से सम्पर्क विहिन रहलन । उनका के केहु फुन करके बोलगईला के बाद उ हेटौडा गईल मृतक अनिरुद्ध के आफन्तलोग बतवले बाडन । उनका के केहु हत्या करके बिगल हो सकेके आफन्तजन के आशंका बा । मृतक अनिरुद्ध के लास सोमार के दिने स्थाई घर बलुवा मे पुगला के बाद गाँव हि शोक मे डुबल रहे । हेल्थ असिस्टेन्ट मृतक अनिरुद्ध के सोमार के दिने हि गाँव के आर्यघाट मे दाहसंस्कार कईल गईल बा ।






