नेकपा प्रदेश २ के सदस्य रामबाबु बैठा ठगी के आरोप मे पकडईलें

भोटा. संवाददाता
वीरगंज ०६ माघ
नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी (नेकपा) के प्रदेश २ कमिटी के सदस्य रामबाबु बैठा पकडाईल बाडन । “नेपाल पुलीस के असई पद मे नोकरी लगा देहेम” कहके ठगी कईल आरोप मे पोखरिया नगरपालिका वार्ड नं. १ के नेता बैठा पकडाईल बाडन ।
रौतहट मौलापुर–७ के प्रदीप कुमार साह कानु उ आ सुनिल चौरसिया विरुद्ध २०७६ कातिक २ गते पुलीस मे उजुरी देहले रहलन । पुलीस जिल्ला अदालत पर्सा मे ठगी मुद्धा दर्ता करके अनुसन्धान सुरु कईले रहे ।
पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका– ३ के सुनिल चौरासिया के आइएमी बैंक मे रहल खाता से २०७२ माघ १० गते बैठा के पइसा पठावल दाबी प्रदीप कईले बाडन । सुनिल के नाम मे रहल खाता मे वीरगंज से काठमाण्डु से पइसा पठावल दाबी प्रदीप कईले बाडन । एहितरे कुवार २ गते भी पईसा पठावल रसिद मिलल बा ।
चौरसिया आ घटना मे बाद मे जुडल कालिकामाई– १ के ईश्क कुमार के पुलीस एकरा से पहिले हि पकड के अदालत पेश कईले रहे । अगहन ११ गते चौरासिया ५ लाख आ ईश्क कुमार ५० हजार धरौटी बुझा के तारिख मे छुटल बाडन । बैठा खुद के भी ठगल दाबी चौरसिया करत आईल बाडन । चौरसिया के मुताविक बैठा ७ लाख रोपेया लेके फिर्ता कईले नइखन । उजुरी के बाद फरार रहल बैठा सोमार के दिने स्वयं जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे पुगल रहलन । ओकरा बाद पुलीस उनका के नियन्त्रण मे लेके रखले बा ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता विरेन्द्र साही ठगी मुद्धा मे बैठा के पकडल जानकारी देहनी । “असई बना देहेम कहके ५ लाख ठगी कईल कहके कातिक २ गते हि मुद्धा पडल रहे । उ समय से हि बैठा फरार रहलन ।” कहत उ “हमनी खोजतलास कईला पर ना मिलल रहलन, आजु अचानक खुदे जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे अईला के बाद हमनी नियन्त्रण मे लेके रखले बानी ।” उनका विरुद्ध अदालत से म्याद थप करके बयान लेके कानूनी कारबाही प्रक्रिया अगाडि बढावेके डिएसपी शाही के कहनाम बा ।






