गारजियनलोग चाहला पर सरकारी विद्यालय मे भी प्राईभेट जइसन पढाई हो सकता :- नेता मैनाली

प्रभु यादव
बारा ०७ माघ,
नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) के केन्द्रिय सदस्य अच्युत मैनाली गारजियन से चाहला पर सरकारी विधालय मे प्राईभेट जइसन पढाई होखे सकेके बतवनी ।

नेपाल राष्ट्रिय माध्यमिक विद्यालय बसतपुर मे किलास १ से ५ तक के विधार्थीलोग के आजु शैक्षिक समान बाँटत सभी गारजियन से खुदे निगरानी बढईला पर सरकारी विद्यालय मे प्राईभेट जइसन पठन पाठन करावे सकेके नेकपा के केन्द्रिय सदस्य मैनाली बतवनी ।

नेपाल सरकार के निति मुताविक सरकारी विद्यालय मे भी अंग्रेजी माध्यम से पठन पाठन करावे लियावल निति अविलम्वन करे सकला पर सरकारी विधालय मे प्राईभेट जइसन शिक्षा मिले सकेके उ बतवनी ।

शैक्षिक सामान वितरण कार्जक्रम मे बोलत नेकपा के युवा नेता एवं मेयर के प्रत्यासी मुकेश साह ई छोट छोट विद्यार्थीलोग हि देश निमार्ण मे महत्वपुर्ण योगदान देवेके बतवले बाडन ।
भविष्य मे जाके केहु डाक्टर, ईन्जिनियर, पाईलट, नेता बन के देश के सेवा करीहन ओहिसे हमनी जइसन बिया रोपेम ओइसन हि काटेवाला भईला से ई छोटा छोटा विद्यार्थीलोग के ग्रास रुट से सरकारी लगानी मे अंग्रेजी माध्यम मे पठन पाठन करावे के बात मे जोड देहनी ।

कार्जक्रम मे सय से बेसी विद्यार्थीलोग के कपि, कलम, पेन्सिल लगायत के शैक्षिक सामान वितरण कईल नेकपा के जिल्ला कमिटी सदस्य रमेश साह जानकरी देहनी ।

युवा नेता संदिप यादव से सहजीकरण कईल कार्जक्रम मे मोविन आलम, राजमहमद राय, पुरुषोतम साह, विनोद साह, प्रभु यादव, सुरेन्द्र यादव, रमोद यादव, ब्रहमदेव कुशवाहा, युनिस असारी, विनोद गुप्ता, हरिओम गुप्ता, राजेश्वर कुशवाहा लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।