क्यान इन्फोटेक मेला के सभी तइयारी पुरा, मेला के उदघाटन पूर्व राष्ट्रपति डा. रामबरण यादव करीहें

वीरगंज ०८ माघ,
क्यान महासंघ पर्सा वीरगंज मे दुसरका प्रदेश स्तरिय आयोजना होखेवाला क्यान इन्फोटेक मेला के सभी तइयारी पुरा भईल जनावल गईल बा ।
क्यान पर्साद्धारा वीरगंज के नगर सभागृह मे आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे क्यान प्रदेश नं. २ के संयोजन आ क्यान महासंघ के संरक्षण मे इहे माघ ९ गते से १३ गते तक क्यान इन्फोटेक २०२० होखेके जनावल गईल बा ।
वीरगंज के नगर सभागृह मे होखेवाला मेला के उदघाटन नेपाल के प्रथम राष्ट्रपति डा रामबरण यादव से करेके पत्रकार सम्मेलन मे जनावल गईल रहे । नेपाल मे रह के सूचना प्रविधि क्षेत्र मे काम करेवालालोग के कुम्भ मेला कहके चिन्हल जाएवाला क्यान इन्फोटेक वीरगंज मे ई बेर आईटि से सम्बन्धित अनेकन ६० गो स्टल रहेके आयोजक बतवले बाडन ।
प्रभु पे मुख्य प्रायोजक रहल क्यान इन्फोटेक २०२० वीरगंज मे अनेकन छुट के भी व्यवस्था कईल जनावत क्यान इन्फोटेक मे प्रभु पे एप मार्फत टिकट खरिद कईला पर कटल टिकेट के पुरा रकम एप मार्फत फिर्ता आवेके आयोजक बतवले बाडन । मेला मे मुख्य आकर्षण मे रोबोट प्रतियोगिता, आईटि म्युजियम, आईसीटि छात्रवृति, छुट दर मे अनेकन उपकरण लगयात रहल बा ।
पाँच दिन तक चलेवाला क्यान इन्फोटेक २०२० वीरगंज मे हरेक दिन अनेकन विषय मे जानकारी मुलक सेमिनार, अभिमुखीकरण, प्यानल छलफल आ प्रदर्शनी भी होखेके क्यान पर्सा के अध्यक्ष दिपक साह बतवनी । एहितरे स्कुल, कलेज आ आईटि अध्यनरत विद्यार्थीलोग के खातिर भी अलगे सेमिनार के व्यस्था कईल साह बतवनी ।
क्यान इन्फोटेक २०२० वीरगंज के प्रायोजक मे वर्ल्ड लिङ्क, डाईनेमिक टेक्नोसफ्ट, ब्रदर, लर्ड बुद्ध एडुकेसन फाउन्डेसन आ स्मार्ट सेल, भ्यानेट, एस पावर, टिपिलिङ्क आ स्मार्टर लगायत के रहल बा ।
कार्जक्रम मे एन्सेल, वीरगंज महानगरपालिका, पकहामैनपुर गाँवपालिका, नेसनल इन्फोटेक कलेज, व्याबसन वीरगंज, वीरगंज पब्लिक कलेज, संस्कृति, वीरगंज युवा समाज, रोट्रयाक्ट, जानकी टेक्नोलोगी, ओसियन कम्प्युटर प्रालि, निम एकेडमी, प्रभु इन्सुरेन्स लगयात संघ संस्थाबस भी सहजोग कर रहल जनावल गईल बा ।
ल
पत्रकार सम्मेलन मे क्यान के केन्द्रिय सदस्य भुपाल दास श्रेष्ठ, प्रदेश नं २ के अध्यक्ष आलोक कुमार चौरसिया, पर्सा के उपाध्यक्ष प्रशान्त कुमार, कोषाध्यक्ष संजय कुर्मी, सह सचिव गणेश सर्राफ लगयात के सहभागीता रहल रहे । कार्जक्रम के संचालन क्यान महासंघ के कार्यसमिति सदस्य आशुँ कुमार सर्राफ कईले रहनी ।






