अलौं के गरिब असहाय परिवार के कम्बल बाँटल गईल

भोटा. संवाददाता
वीरगंज ०८ माघ
वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १७ अलौं मे गरिब असहाय लोग के कम्बल बाँटल गईल बा । वार्ड कार्यालय आ दात्तालोग से देहल चान्दा के सहजोग मे अलौं मे आजु एगो कार्जक्रम के बिच २५० थान कम्बल बाँटल गईल बा ।
वार्ड अध्यक्ष सुखरानी देवी के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि समाजसेवी ईश्वरचन्द्र यादव लगातार के शितलहर आ जाडा से जनजिवन प्रभावित होत गईला के बाद बृद्धबृद्धा, गरिब आ असहाय के मध्यनजर करत समाजिक उत्थान के काम मे लागल बतवनी ।
दैनिकी ज्यालादरी करके जिविकोपार्जन करेवाला बहुते गरिब, दलित, असहाय के जाडा मौसम मे गर्मी देवेवाला कपडा के भी कमी भईला से मानव जात के सेवा हि सबसे बडका धर्म रहला से खुदसब मानवीय सेवा मे खटल बतवनी ।
समाजवादी पार्टी के वीरगंज महानगर के नगर अध्यक्ष भी रहल यादव जाडा के मौसम मे आउर गाँव मे रहल गरिब, दलित, बृद्धबृद्धा, लइकालइकी आ जनानीलोग के सहजोग मे लागे खातिर निहोरा कइनी ।
कार्जक्रम मे नेता विरेन्द्र यादव, विद्यार्थी नेता मनमोहन पाण्डे, समाजवादी विद्यार्थी संघ पर्सा के ईकाई अध्यक्ष धर्मदेव प्रसाद यादव, अजय दास थारु, शिवनारायण साह, ईमामुदिन मियाँ, अमर प्रसाद यादव, किसुनदेव भगत, प्रकाश उपाध्याय, श्रीपुर वडा प्रहरी कार्यालय के प्रहरी निरिक्षक दिपेश साह, प्रहरी नायब निरिक्षक प्रकाश रावत लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






