मानव मलमूत्रीय फुहर प्रशोधन केन्द्र के उद्घाटन

भद्रपुर, ८ माघ,
खानेपानीमन्त्री बीना मगर आजु झापा के काँकडभिट्टा आ दुहागढी मे अवस्थित मानव मलमूत्रीय फुहर (पैखानाजन्य लेदो) प्रशोधन केन्द्र के उद्घाटन कईले बानी । नेपाल सरकार आ मेचीनगर नगरपालिका के संयुक्त लगानी मे निर्माण भईल उ फुहर प्रशोधन केन्द्र खानेपानी मन्त्रालय अन्तर्गत साना शहरी खानेपानी आयोजना से नमूना परियोजना के रूप मे सञ्चालन कईले बा ।

मेचीनगर–७ काँकडभिट्टा मे रहल केन्द्र दैनिक १२ घनमिटर आ दुहागढी के केन्द्र दैनिक २७ घनमिटर पैखानाजन्य लेदो पदार्थ के प्रशोधन करके कृषि बाली मे प्रयोग करे सकेवाला प्राङ्गारिक मल मे रुपान्तरण करी ।
काँकडभिट्टा खानेपानी उपभोक्ता तथा सरसफाइ संस्था के २४ वाँ वार्षिक साधारणसभा एवं प्रशोधन केन्द्र उद्घाटन समारोह मे मन्त्री मगर नमूना परियोजना के रुप मे मेचीनगर मे सञ्चालित ई दु आयोजना से सिख के देश के आउर क्षेत्र मे परियोजना विस्तार करेके बतवनी ।

मन्त्री मगर जनता के मौलिक हक से जुडल खानेपानी आ सरसफाइ क्षेत्र से सम्बन्धित आयोजना के कार्यान्वयन करे खातिर मन्त्रालय अगाडि बढ रहल बतवले बानी । “खास करके तराई क्षेत्र मे देखल गईल आर्सेनिकलगायत के समस्या समाधान करे खातिर खानेपानी के कुछ बडका आयोजना के काम अगाडि बढाएम”, कहत उ, “तराई मे खानेपानी के समस्या समाधान करे खातिर कुछ जिल्ला हि समेटेवाला किसिम से आयोजना के विस्तृत परियोजना प्रतिवेदन बनावल जा रहल बा ।”

आयोजना के खातिर दातृ संस्था बिल एन्ड मेलिना गेट्स फाउन्डेशन नेपाल सरकार मार्फत रु १४ करोड, ६८ लाख ५८ हजार लगानी कईले बा । मेचीनगर–७ काँकडभिट्टा मे रहल प्रशोधन केन्द्र मे मेचीनगर नगरपालिका के वार्ड नं १ से १३ तक के ६५ हजार १९ जनसङ्ख्या से निकलेवाला सभी पैखानाजन्य फुहर के प्रशोधन करेके आ मेचीनगर–१४ दुहागढी मे रहल दोसर केन्द्र मे मेचीनगर के १४ आ १५ वार्ड, विर्तामोड नगरपालिका के सभी वार्ड आ बुद्धशान्ति गाँवपालिका के सभी वार्ड के एक लाख ४२ हजार ८४८ जनसङ्ख्या से निकलेवाला पैखानाजन्य लेदो के प्रशोधन करेके तिसरका साना सहरी खानेपानी तथा सरसफाइ आयोजना के प्रमुख विद्यानाथ भट्टराई बतवनी ।

मानव मलमूत्रीय फुहर प्रशोधन करे सकेके बायोग्यास डाइजेस्टर आ ठोस पदार्थ के सुकाई कम्पोस्ट मल के रूप मे प्रयोग करे खातिर १६ गो ड्राइङ बेड भी भईल प्रशोधन केन्द्र निर्माण कईल छोटा शहरी खानेपानी आयोजना के प्रमुख भट्टराई बतवनी । ई दुनु प्रशोधन केन्द्र निर्माण मे ८५ प्रतिशत लगानी सङ्घीय सरकार के आ १५ प्रतिशत नगरपालिका के रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।