पुलीस के घुस देवेके खोजेवाला खातुन विरुद्ध भ्रष्टाचार के मुद्धा दायर

भोटा. संवाददाता
वीरगंज ०८ माघ,
पुलीस के घुस देवेके खोजल आरोप मे पकडाईल वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. २ छपकैया के अम्बेया खातुन विरुद्ध विशेष अदालत काठमाण्डु मे मुद्धा दायर भईल बा ।
बारा के इलाका प्रहरी कार्यालय जीतपुर के पुलीस कर्मचारी के २८ हजार रोपेया घुस देवेके खोजल आरोप मे पकडाईल खातुन विरुद्ध अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग आजु मुद्धा दायर कईले बा ।

खातुन वीरगंज से हेटौंडा ओरी जा रहल बस मे भन्सार छली के कपडा लेजाए के समय मे उ जीतपुर मे पुलीस के चेकजाँच मे पडल रहली । पुलीस से बरामद कईल कपडा छोडे खातिर आ आवेवाला दिन मे भी सहजीकरण के खातिर २८ हजार घुस देवेके खोजला पर उ पकडाईल रहली ।

अनुसन्धान के समय मे आरोपी खातुन भन्सार ना तिर के लियावल सामानसब छोडावे के काम के खातिर पुलीस कर्मचारी के आर्थिक प्रलोभन मे पारे खातिर उ पइसा देहल तथ्य पुष्टि भईला से उनका विरुद्ध मुद्धा दायर कईल अख्तियार के प्रवक्ता प्रदीपकुमार कोइराला बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।