प्रिमियर इन्स्योरेन्स द्वारा बुनिलाल के परिवार के देहलख १० लाख के चेक

वीरगंज ०९ माघ,
वीरगंज महानगरपालिका के फायरमैन बुनिलाल चौरसिया के मेहरारु फुलपति देवी के १० लाख रोपेया के चेक देहल गईल बा ।
प्रिमियर इन्स्योरेन्स कम्पनि मे वीरगंज महानगर के सभी कर्मचारी के विमा भईल अवस्था मे उनकर मृत्यु भईला के बाद उ विमा दावी रकम बुनिलाल के मेहरारु फुलपति देवी के देहल गईल बा ।

वीरगंज महानगर के सभाहलह मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे वीरगंज महानगरपालिका के नगरप्रमुख विजयकुमार सरावगी आ प्रियमियर इन्स्योरेन्स के प्रमुख कार्यकारी अधिकृत विश्वराज तिम्ला संयुक्त रुप मे चेक हस्तनान्तरण कईले रहनी ।

कुवार ७ गते फायरमैन वीरगंज १६ निवासी बुनिलाल चौरसिया के मृत्यु भईल अवस्था मे उनकर परिवार विमा रकम दावी कईले रहलन । महानगर फायरमैन के जीवन विमा कईल अवस्था मे प्रिमियर इन्योरेन्स कम्पनि के पदाधिकारी तथा वीरगंज महानगर के कर्मचारीलोग के रोहबर मे चेक हस्तान्तरण कईल गईल रहे ।

कार्जक्रम मे प्रिमियर इन्स्योरेन्स कम्पनि के प्रमुख कार्यकारी अधिकृत विश्वराज तिम्ला, नायब महाप्रबन्धक दिपेन्द्रराज गौत्तम, प्रदेश २ के प्रादेशिक प्रबन्धक विज्ञान विक्रम शाह आ क्षेत्रीय अधिकृत शशि विचित्र लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।