पर्यटन मे निजी क्षेत्र के लगानी जरुरी :- नेता पौडेल

गलकोट, ९ माघ,
नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नकेपा) के स्थायी कमिटी सदस्य तथा स्कूल विभाग के उपप्रमख देवेन्द्र पौडेल पर्यटन के क्षेत्र मे निजी क्षेत्र आकर्षित होखेके बतवले बानी ।
नेपाल सरकार से घोषणा कईल नेपाल भ्रमण बरीस २०२० मे पोखरा आवेवाला पर्यटक के बागलुङ् मे आकर्षण करे खातिर पोखरा के लेकसाइट मे आजु आयोजना कईल सरोकारवाला सँगे सहकार्य सम्बन्धी बतकही कार्जक्रम मे प्रतिनिधि सदस्य भी रहल उ बागलुङ मे बहुते पयटकीय गन्तव्य भईला पर भी जरुरी लगानीकर्ता के कमी मे पर्यटन विकास के वातावरण ना बनला से निजी क्षेत्र के लगानी जरुरी रहल बतवनी ।
“पर्यटनमैत्री होटल तथा व्यवसाय बनावे खातिर बागलुङ के पर्यटन व्यवसायी इच्छुक बाडन”, कहत पौडेल, “बागलुङ मे पर्यटकीय गतिविधि बढावे खातिर पोखरा के पर्यटन व्यवसायी सहजोग करीं ।” बागलुङ पर्यटन विकास समिति बागलुङ, बागलुङ उद्योग वाणिज्य सङ्घ के पर्यटन समिति, होटल तथा रेष्टुराँ व्यवसायी सङ्घ के पहल मे बागलुङ आ पोखरा बीच पर्यटन मे सहकार्य करे खातिर पहिलका बेर संस्थागतरुप मे पहल सुरु कईल गईल बा ।
उ अन्तर्गत बागलुङ के पर्यटन व्यवसायी बुध से पोखरा मे बाडन । पोखरा के होटल तथा आउर पर्यटकीय क्षेत्र के अध्ययन तथा अवलोकन आ सहकार्य करके पर्यटकीय गतिविधि बढावे खातिर पर्यटकीय राजधानी पोखरा आईल बागलुङ पर्यटन विकास समिति के अध्यक्ष राजु खड्का बतवनी ।
“बडका पर्यटन व्यवसायी के अनुभव से छोटा व्यवसायी के अगाडि बढेके सहजोग पुगी”, पोखरा के पर्यटन व्यवसायी वासु त्रिपाटी कहनी कि, “पोखरा के पर्यटन व्यवसायी के सहकार्य सँगे बागलुङ मे पर्यटन गतिविधि बढी ।”
पर्यटक के खुशी करेके कहल होटल के सेवा भईला के चलते होटल व्यवस्थापन, सरसफाइ, खानपान तथा सत्कार मे ध्यान पुगावे के भईला के चलते पोखरा मे चलल होटल के अवलोकन भी कईल होटल व्यवसायी महासङ्घ गण्डकी प्रदेश संयोजक अर्जुन चोखाल बतवनी ।





