सभामुख के उम्मेदवार सापकोटा विरुद्ध रिट निवेदन

काठमाण्डु १० माघ,

नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) के नेता अग्निप्रसाद सापकोटा के सभामुख मे निर्वाचित ना करेके माग करत सर्वोच्च अदालत मे आजु रिट निवेदन दायर कईल गईल बा । वरिष्ठ अधिवक्ता दिनेश त्रिपाठी आजु से दायर कईल निवेदन मे संविधान एवं कानून के गम्भीर उल्लङ्घन होखेके जनावत सभामुख के खातिर प्रस्तावित उम्मेदवार सापकोटा के सभामुख मे निर्वाचन ना करे खातिर माग कईल गईल बा ।

निवेदन मे सापकोटा के सभामुख मे निर्वाचित कईला मे पीडित के न्याय प्राप्ति के अधिकार कुण्ठित होखेके एवं प्रतिनिधिसभा पूर्णरुप मे अमर्यादित होके अपूरणीय क्षति पुगेके जिकिर करत निवेदन के अन्तिम टुङ्गो ना लागे तक उनका के काम ना करे करावे खातिर अन्तरिम आदेश माग कईल गईल बा ।

‘सापकोटा विरुद्ध अदालत मे विचाराधीन मुद्दा भईल आ इहे माघ २२ गते के खातिर उ मुद्दा के पेशी तोकल गईला से सापकोटा के सभामुख पद के निर्वाचत करे ना होखेके’ निवेदन मे जिकिर कईल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।