छिपहरमाई गाँवपालिका मे २५० जने लइकीलोग बालिका स्वर्ण बिमा भईल।

पोखरिया ११ माघ,पर्सा

के छिपहरमाई गाँवपालिका के २५० जने लइकीलोग के बालिका स्वर्ण बिमा खोल के परिवार जन के चेक तथा कागजातसब हस्तान्तरण कईल गईल बा ।

चेक तथा कागजपत्र हस्तान्तरण कार्जक्रम के आयोजना छिपहरमाई गाँवपालिका के वार्ड नं ३ जयमंगलापुर मे रहल वाड कार्यालय के प्राङ्गण मे भईल रहे । कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि छिपहरमाई गाँवपालिका अध्यक्ष मनोज कुमार गुप्ता कार्जक्रम के उदघाटन करत अब घर मे बेटी जनमला के बाद चिन्ता लेवेके ना पडि गाँवपालिका २ लाख के बिमा खोली कहके बतवनी ।

पहिले बेटीलोग जनमते मातर बाबुमाई बोझ के रुप मे लेत रहलन कैयनलोग ते गर्भ मे हि पत्ता लगा के भ्रुण हत्या भी करत आईल रहलन । माकिर अब बेटी जनमला के बाद बोझ के रुपमे ना लोके पठन पाठन, उच्च शिक्षा आ बियाह के खातिर गाँवपालिका २ लाख के बिमा के व्यवस्था कईले बा ।

आवेवाला दिन मे बेटीलोग के खातिर ५ लाख के लइकी स्वर्ण बिमा खोलेके अध्यक्ष गुप्ता प्रतिबद्धता जनावत बेटीलोग के दहेज ना, शिक्षा देहल जरुरी बा कहके बतवनी । गारजियनलोग बेटा बेटी मे भेदभाव ना करके सभी के एक बराबर व्यवहार करे खातिर निहोरा कइनी ।

नेपाल के पहिलका छिपहरमाई गाँवपालिका गाँवपालिका मे लइकी स्वर्ण बिमा लागु करत बितल आर्थिक बरीस तक ११० जने आ ई आर्थिक बरीस मे २५० करके ३ सय साठ जने लइकीलोग के २ लाख के बिमा करवले बा । लइकी जनमला के ३५ दिन भितर जन्म दर्ता बना के गारजियनलोग वार्ड से सिफारीस करा के गाँव गाँव मे घुम रहल बिमा कर्ता टोली के कागजपत्रसब बुझईला पर गाँवपालिका से होखेवाला प्रति लइकी २० हजार के बुझा के २० बरीस मे २ लाख होखेके अध्यक्ष गुप्ता बतवनी ।

बेटी बिमा के पइसा उच्च शिक्षा आ बियाह मे काम लागेके बतावत बेटीलोग के शिक्षा के खातिर साईकिल, डरेस, छात्रवृत्ति बाँटेके लगायत के योजना गाँवपालिका से सुरु भईल आ अब ई गाँवपालिका के लइकीलोग के उच्च शिक्षा के खातिर बाहर जाएके ना पडि कहके बतवनी ।

आपन जगहा मे दु गो उच्च माध्यमिक बिद्यालय नवगावन माध्यमिक बिद्यालय चरगाहा आ भिस्वा उच्च माध्यमिक बिद्यालय संचालन मे रहल बतवनी । पहिले ई गाँवपालिका मे बर्थिंग सेन्टर ना रहला के चलते उ क्षेत्र के जनानीलोग बच्चा जनमावे खातिर भारत जाएके बाध्यता रहल रहे माकिर अब गाँवपालिका भितर हि ई सुविधा रहल बतवनी । आवेवाला दिन मे छिपहरमाई गाँवपालिका के सभी वार्ड मे बर्थिंग सेन्टर स्थापना करावे के बतवनी ।

कार्जक्रम मे दु सय पचास जने लइकीलोग के खुलल लइकी स्वर्ण बिमा के चेक आ कागजपत्र अध्यक्ष गुप्ता हस्तान्तरण कइले रहनी । अध्यक्ष गुप्ता ग्रामिण क्षेत्र के पत्रकार राजन कुमार बानिया के सम्मान सहित एगो केमरा पुरस्कार देहले रहनी ।

वार्ड अध्यक्ष बिनोद साह कानु के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे गाँवपालिका उपाध्यक्ष मोदिना खातुन, प्रमुख प्रसाशकिय अधिकृत देवनाथ साह, गण्डकी बिकास बैंक बिरगंज के प्रबन्धक नागेन्द्र गुप्ता , नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के उपाध्यक्ष अनुप तिवारी, वार्ड अध्यक्ष मौजीलाल साह, बालक गदी, महेन्द्र साह कलवार, राजबली यादव, सरपंच समसुल मियाँ, पुर्व गाबिस अध्यक्ष पहलाद गुप्ता, ज्ञानबहादुर साह, लगायत जनप्रतिनिधि पुलीस प्रशासन, स्थानियबासी के उल्लेखनिय सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।