लमजुङ, ११ माघ,

गण्डकी प्रदेश के मुख्यमन्त्री एवं नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) गण्डकी प्रदेश इन्चार्ज पृथ्वीसुब्बा गुरुङ प्रकृति आ संस्कृति से पर्यटकीय ‘हव’ गण्डकी प्रदेश बनत गईल बतवले बानी ।

लमजुङ बेँसीशहर नगरपालिका–१० खासुर सामुदायिक घरवास उद्घाटन कार्जक्रम मे उ जातजाति, भाषा, संस्कार संस्कृति विश्व मे नेपाल रहल आ ई मेसे भी गण्डकी प्रदेश रहल बतवनी ।

राष्ट्रिय संस्कृति मे भी ई प्रदेश के नेतृत्व रहल बतावत उ कहनी कि, “सांस्कृतिक निर्माण आ भाषा के विकास करेमे गण्डकी प्रदेश सम्पन्न बा ।”

प्रआ संस्कृति के अनुपम सङ्गम ईश्वर के वरदान के रूप मे रहल गण्डकी प्रदेश के विकास करे खातिर प्रदेश सरकार अगाडि बढल उ बतवनी । मुख्यमन्त्री गुरुङ कहनी कि, “प्रदेश के घरवास भ्रमण बरीस २०२० के सफल बनावे खातिर भी सहजोग पुगल बा ।”

ई खासुर गाँव मे १० घरवास सञ्चान मे रहल बा । इहाँ करिब ८० जने पर्यटक के क्षमता के रहल घरवास सञ्चालक दूधप्रसाद घले बतवनी । उनका मुताविक ई गाँव मे १५३ गो घरधुरी बा ।

मगर, तामाङ, दलित, भुजेल समुदाय के बसोबास बा । ९ गुरुङ आ एक दलित समुदाय के घरवास बा । इहाँ से लमजुङ हिमाल, अन्नपूर्ण हिमाल लगायत अनेकन रमणीयस्थल देखल जा सकता । ई घरवास मे आईल पर्यटक के गुरुङ समुदाय के कृष्ण चरित्र, झ्याउरे, घाँटु लगायत नृत्य प्रस्तुत कईल जाला ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।