शान्ति आ स्थायित्व बिना विकास सम्भव नइखे :- गृहमन्त्री थापा

सुर्खेत, ११ माघ,
गृहमन्त्री रामबहादुर थापा शान्ति आ स्थायित्व बिना देश मे विकास असम्भव भईल बतवले बानी । नेपाल सरकार गृहमन्त्रालय आ कर्णाली प्रदेश सरकार, आन्तरिक मामिला तथा कानून मन्त्रालय के संयुक्त आयोजना मे सञ्चालित दु दिने सुरक्षा गोष्ठी मे सहभागी होखे खातिर शुक के दिने सुर्खेत आके पुगल गृहमन्त्री थापा आजु इहाँ आयोजना कइल पत्रकार सम्मेलन मे सरकार आपराधिक नियन्त्रण के प्राथमिकता राखल बतवनी ।
नेपाल के आपराधिक अखडा बनावत आईल चिनियाँ नागरिक के अबगे सरकार से पकड के देश निकाला कईल जनावत उ कहनी कि, “हमनी सीमापारि के अपराध नियन्त्रण मे उल्लेखनीय सफलता हाथ परले बानी । सांस्कृतिक परिवर्तनस्वरुप सरकार छाउपडी प्रथा उन्मूलन अभियान सञ्चालनन कईले बा । एकरा से भी समाज मे सकारात्मक प्रभाव पडत गईल बा ।”
पिछिलका समय मे निर्यात बढल बतावल गृहमन्त्री थापा सरकार आठ प्रतिशत आर्थिक वृद्धिदर हासिल करेके लक्ष्य लेहल आ विकास निर्माण के काम भी निर्वाध अगाडि बढावे के बतवनी । सरकार से कईल लगानी सम्मेलन आ चिनियाँ राष्ट्रपति सी चिनफिङ के नेपाल भ्रमण नेपाल के खातिर लाभदायक भईल उ बतवनी ।
एहितरे, मिलियन च्यालेन्ज कर्पोरेसन (एमसिसी) राष्ट्रिय हित मे होखेके बहस चल रहल आ सभामुख के घोषणा भईला के बाद सदन मे प्रस्तुत होखेके उनकर कहनाम रहे । एमसिसी सदन मे प्रस्तुत भईला के बाद ओमे भईल गलत प्रावधान परिमार्जन करके मात्र पारित होखेके उ जिकिर कइनी ।
एमसिसी सरकार सदन से पारित करेके काहे बाध्यता कहके विषय मे पत्रकार राखल सवाल के जवाफ देत गृहमन्त्री थापा अमेरिकी सिनेट पारित करेके भईल नेपाल के सदन से पारित करेके बतवले बानी । नेपाल के सार्वभौमिकता आ स्वतन्त्रता के कुण्ठित ना होखेवाला किसिम से ई सदन से पारित होखेके उनकर कहनाम रहे ।
विप्लव के मूल प्रवाह मे लियावे के काम जारी हि रहल बतावत उ सदन से प्रहरी विधेयक पारित भइल आ अब राष्ट्रपति से प्रमाणीकरण होखेके मात्र बाँकी रहल जनवनी । भारत सार्वजनिक कईल नयाँ नक्सा के चलते उब्जल विवाद आ ओकरा से दक्षिण सँगे बिगडल सम्बन्ध सुधार करे खातिर कूटनीतिक प्रयास हो रहल उ बतवनी ।





