कर्णाली प्रदेशसभा के हिउँदे अधिवेशन माघ २४ गते होखी

र्खेत, १२ माघ,

कर्णाली प्रदेशसभा के हिउँदे अधिवेशन इहे माघ २४ गते होखेवाला बा । कर्णाली प्रदेश सरकार के मन्त्रिपरिषद् बईठक के निर्णय से माघ २४ गते पाँच वाँ अधिवेशन आह्वान करेके निर्णय कईले बा ।

मन्त्रिपरिषद् बईठक से आन्तरिक मामिला तथा कानून मन्त्रालय के प्रस्ताव मे कानूनी सहायता सम्बन्धी कार्यविधि २०७६ आ विपद् जोखिम बीमासम्बन्धी कार्यविधि २०७६ स्वीकृत कईल कर्णाली प्रदेश सरकार के प्रवक्ता एवं भूमि व्यवस्था, कृषि तथा सहकारीमन्त्री बिमला केसी जानकारी देहनी ।

बईठक से कानूनी सहायता सम्बन्धी कार्यविधि मुताविक २० जने सहजकर्ता नियुक्त करेके उ बतवनी । नियुक्त सहजकर्ता मे १० गो जिल्ला मे प्रमुख सहजकर्ता आ १० जने स्थानीय तह मे सहजकर्ता मे नियुक्त करेके बईठक से निर्णय कईले बा ।

एहितरे, उद्योग, पर्यटन, वन तथा वातावरण मन्त्रालय के प्रस्ताव मे कर्णाली प्रदेश खानी अन्वेषण तथा व्यवस्थापन सम्बन्धी विधेयक तर्जुमा करे खातिर सैद्धान्तिक स्वीकृति प्रदान करेके, कर्णाली प्रदेश वाणिज्य सम्बन्धी विधेयक तर्जुमा करे खातिर सैद्धान्तिक स्वीकृति प्रदान के साथे कर्णाली प्रदेश के वातावरण संरक्षण सम्बन्ध मे व्यवस्था करे खातिर बनल विधेयक के प्रदेशसभा मे पेश करे खातिर स्वीकृति प्रदान करेके निर्णय कईल मन्त्री केसी बतवनी ।
उनका मुताविक भौतिक पूर्वाधार विकास मन्त्रालय के प्रस्ताव मे कर्णाली प्रदेश पूर्वाधार विशेष कार्जक्रम सञ्चालन तथा व्यवस्थापन कार्यविधि २०७६ (प्रथम संशोधन) करेके, आर्थिक मामिला तथा योजना मन्त्रालय के प्रस्ताव मे आर्थिक बरीस २०७७÷७८ मे समपूरक तथा विशेष अनुदान से सञ्चालन करेके योजना तथा कार्जक्रम स्वीकृत करेके निर्णय कईल गईल बा । मूलतः आवेवाला बरीस से समपूरक तथा विशेष अनुदान से सञ्चालित योजना के प्रदेश सरकार से प्राथमिकता के साथ अगाडि बढावे के योजना निर्माण कईले बा ।

 

एहितरे बईठक से कर्णाली प्रदेश मे कार्यरत कर्मचारीलोग के प्रोत्साहन भत्ता उपलब्ध करावेके, कर्णाली प्रदेश के विमानस्थलसब के विस्तार तथा स्तरोन्नति करेके, पचालझरना गाँवपालिका–५ कालीकोट रहेवाला मृतक खेलाडी समिपुरा वडे के बाबु रङ्गे नेपाली के आर्थिक सहजोग रकम रु एक लाख उपलब्ध करावे के निर्णय कईल जनावल गईल बा ।

कर्णाली प्रदेश पर्यटन बोर्ड गठन
कर्णाली प्रदेश सरकार एकरा से पहिले लेहल नीति सँगे प्रदेश पर्यटन बोर्ड गठन कईल कईल बा । गठित बोर्ड मे इहाँ के दश गो जिल्ला से प्रतिनिधित्व होखेवाला किसिम से कर्णाली सरकार के मन्त्रिपरिषद् बईठक से ११ सदस्य नियुक्ति कईल बा ।

बोर्ड मे नियुक्ति होखेवाला सदस्यलोग मे बबिकिशोर गुरुङ (डोल्पा), ललितजङ्ग महत (जुम्ला), दानसिंह कार्की (मुगु), वेदबहादुर शाही (जाजरकोट), मर्मजङ्ग बम (कालीकोट) आ लैकु लामा (हुम्ला) रहल मन्त्री केसी बतवनी । बोर्ड मे विष्णुप्रसाद शर्मा (दैलेख), पहलसिंह घर्ती मगर (रुकुम पश्चिम), लोकबहादुर हमाल (हुम्ला), चिन्तामणि शर्मा (सुर्खेत) आ ईश्वरी बुढाथोकी (सल्यान) के सदस्य मे नियुक्ति कईल उ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।