अनलाइन मार्केटिङ के नाम मे ठगी कईल आरोप मे ४ जने पकडईलें

वीरगंज १३ माघ,
अनलाइन मार्केटिङ मार्फत सामान पठावे के कहके ठगी कईल आरोप मे पुलीस चार जने के पकडले बा ।
बारा के गढीमाई नगरपालिका– ३ पिप्राविर्ता घर भईल वीरगंज–१५ ब्रम्हचोक रहेवाला २९ बरीस के रोशन सिंह, भाइ २१ बरीस के विशाल सिंह, भारत कलकत्ता घर भईल वीरगंज– १५ मे रहत आईल २६ बरीस के सविक भक्त आ ब्रम्हचोक के फारुख आलम पकडाईल बाडन ।
रोशन आ बिशाल वीरगंज –१५ रहेवाला शम्भु सिंह के बेटा हउवन आ सविक उलोग के घर मे डेरा लेके रहत आईल रहलन । उलोग फेक्टरी अनलाइन सपिङ क्लब एप्स बनवले रहलन ।
एप्स मार्फत एप्पल कम्पनी के मोबाइल सस्ता मे उपलब्ध करावे के आ अमेरिका, क्यानडा आ सिंगापुर लगायत के देशसब के भिसा भी मँगा देवेके जइसन लबरई के आश्वासन देत आईल रहलन । फेसबुक, वाट्सएप, ट्वीटर आ म्यासेन्जर जइसन सामाजिक संजालसब से ओइसन सन्देश देके प्रलोभन मे पार के सर्वसाधरण के ठगल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के डिएसपी गौतम थापा जानकारी देहनी ।
पुलीस अनुसन्धान के समय मे नक्कली नागरिकता के प्रयोग करके अनेकन बैंकसब मे खाता खोल के उहे खाता मे पइसा मँगावत आईल उनकर कहनाम बा । ठगी मे प्रयोग हो रहल जरुरी कागजात आ मोबाइल भी बरामद भईल पुलीस जनवले बा ।






