राष्ट्रिय हित के आधार मे एमसिसी के बारे मे निर्णय :-प्रवक्ता श्रेष्ठ

काठमाण्डु १४ माघ

सत्तारुढ नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) के सचिवालय सदस्य एवं प्रवक्ता नारायणकाजी श्रेष्ठ ‘मिलेनियम च्यालेन्ज कर्पाेरेस’ (एमसिसी) सम्झौता के बारे मे राष्ट्रिय हित के ध्यान मे राख के निर्णय करेके बतवले बानी ।

प्रेस सङ्गठन नेपाल, उपत्यका प्रदेश कमिटी के पदाधिकारी से आजु आपन निवास हात्तिवन मे बात करत प्रवक्ता श्रेष्ठ उ बारेमे राष्ट्रिय हित के आधार मे देख के निर्णय मे पुगेके स्पष्ट कईले बानी । बितल पुस ७ गते पुरा भईल नेकपा के स्थायी कमिटी बईठक से उ बारेमे निर्णय के जिम्मेवारी पार्टी के सचिवालय के देहल गईल रहे ।

नेकपा के केन्द्रीय प्रचार विभाग प्रमुख श्रेष्ठ खुद बागलुङ के एक कार्जक्रम मे ‘राष्ट्रिय हित के आधार मे उ बारेमे निर्णय होखी’ कहला मे ‘पारित होखी’ कहके अर्थ लागेवाला किसिम से कैयन सञ्चारमाध्यम समाचार सम्प्रेषण कईला मे ध्यानाकर्षण करावत पत्रकार से विषयवस्तु अध्ययन आ शब्द चयन मे संवेदनशीलता अपनावे खातिर निहोरा कइनी ।

अमेरिकी सरकार सँगे के उ सम्झौता अनुमोदन के खातिर सरकार सङ्घीय संसद् मे प्रस्तुत करेके व्यवस्था बा ।
नेकपा के स्थायी कमिटी मे उ सम्झौता अमेरिका के हिन्द प्रशान्त रणनीति के अङ्ग भईला पर पारित होखे ना होखेके मत व्यक्त भईल रहे । सरकार उ सम्झौता उ रणनीति के अङ्ग ना भईला से अनुमोदन होखेके जनावत आईल बा माकिर नेकपा नेतृत्व के सरकार भईला से पार्टी के सचिवालय बईठक के निर्णय के बाद मात्र अनुमोदन के प्रस्ताव अगाडि बढेके देखल गईल बा ।

फरक प्रसङ्ग मे नेता श्रेष्ठ नेपाल मे कम्युनिष्ट पार्टी के एकता आ निर्वाचन से जनमत प्राप्ति सँगे शान्तिपूर्ण प्रतिस्पर्धा आ उन्नत लोकतन्त्र के मार्ग से नयाँ ढाँचा के वैज्ञानिक समाजवाद स्थापना के लक्ष्य के साथ नेकपा अगाडि बढल उल्लेख कइनी । उ कहनी कि, “क्रान्ति के ई नयाँ प्रयोग के विश्व समुदाय से देख रहल बा । कम्युनिष्ट आ समाजवादी कित्ता नेपाल के क्रान्ति सफल भईला पर ओकर पाठ होखेके दृष्टि से तथा पूँजीवादी आ साम्राज्यवादी कित्ता से कम्युनिष्ट नेतृत्व स्थापित होखी कि कहके शङ्का के दृष्टि से देख रहल बा । उ चलते समृद्धि आ समाजवाद के कार्यभार पूरा करे खातिर हमनी के ध्यान केन्द्रित होखेके चाहिं ।”

उ खुदसब से परम्परागत संसदीय गणतन्त्र भा कम्युनिष्ट शक्ति से सत्ता कब्जा कईला के बाद के शासकीय अवस्था से ना होके एक्काइसौँ शताब्दी के नेपाल के विशेषता आ जरुरत मुताविक ‘समाजवादउन्मुख जनता के जनवाद’ के नीति के साथ अगाडि बढेके उल्लेख कइनी । नेता श्रेष्ठ पार्टी मे गुट, उपगुट आ व्यक्तिवाद ना होके संस्थागत आ पारदर्शिता के आधार मे निर्णय आ कार्यान्वयन होखेके बात मे जोड देहनी ।

उ अवसर मे सङ्गठन के उपत्यका इञ्चार्ज सुरोजङ्ग पाण्डे, संयोजक नवराज दाहाल, सहसंयोजक प्रकाश सिलवाल, पत्रकार कमल गिरी लगायत श्रेष्ठ के राष्ट्रियसभा के विजयी भईला मे बधाई देत समृद्धि आ समाजवाद के लक्ष्य मे पत्रकारिता क्षेत्र से भी रचनात्मक भूमिका निर्वाह करेके बतवले रहनी । उ कमिटी मातहत काठमाण्डु, भक्तपुर आ ललितपुर जिल्ला कमिटी बा ।

प्रदेश कमिटी सहित तिनु जिल्ला कमिटी के जलदी संयुक्त भेला करके सपथ ग्रहण करावे के संयोजक दाहाल बतवनी । तत्कालीन प्रेस चौतारी नेपाल आ प्रेस सेन्टर नेपालबीच के एकता के बाद सङ्गठन के गठन भईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।