सिंचाई ना भईला से किसान सब के उत्पादन मे कमी :- मेयर यादव

बारा १४ माघ,
बारा के महागढीमाई नगरपालीका के नगर प्रमुख उपेन्द्र प्रसाद यादव किसान सब के खेतमे सिचाई ना भईला से उत्पादन मे कमी होरहल बा जनकारी करावले बानी ।
वार्ड नम्वर ७ तेलगाई मे डिप बोरिङ्ग के शिलान्यास करत यादव सिचाई के कमि से उत्पादन मे कमि होरहल मे जोड दिहनी । नेपाल टोर्नाडो प्रतिकार्य तथा पुर्णलाभ परियोजना २०१९ के अन्तर्गत कारीतास नेपाल, कारीतास इटालीयाना आ महागढीमाई नगरपालीका के सहयोग मे आ जन जागरण युवा क्लव कलैया के सहकार्य मे डिप बोरिङ्ग गाडल जारहल बा ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि नगर प्रमुख यादव बोरिङ्ग गडला पर संचालन करेला विधुत आ घर निर्माण करेला नगरपालीका से पहल करे के कहनी । बोरिङ्ग से खेत मे पानी पसगावेला पैईन के खातिर आवेवाला बरीस से २० लाख के आर्थिक सहयोग नगरपालीका से करेके प्रमुख यादव किसान लोग के जनकारी करावले बानी । किसान लोग के खातिर आपने हरदम लागल रहे के नगर प्रमुख यादव कहनी ।
वार्ड नम्वर ७ के अध्यक्ष रामजनम यादव बोरिङ्ग गाडला पर संचालन मे बहुत सवेनशिल होके किसान लोग के लागे केपरि कहनी ।
कार्जक्रम के सभापतित्व जन जागरण युवा क्लव के अध्यक्ष भैयाराम यादव समाज मे पछाडी परल लोग के सहज बनावेला सहयोगी संस्था सब से सहकार्य कर के कार्जक्रम लेया के सहयोग करत आरहल जनकारी देहनी ।
तेलगाई के किसान लोग के बहुत आसा के साथ डिप बोरिङ्ग के गडवा देवे के माग करत आरहलन जवन कारीता नेपाल आ महागढीमाई नगरपालीका से सहकार्य कर के पूरा करेला लागल बानी जवना के निमन से सञ्चालन करिलोग अध्यक्ष यादव कहनी ।
कार्जक्रम मे कार्यपालीका सदस्य ईन्दु देवी कुर्मी, वार्ड सदस्य रामजतन यादव, संजय यादव, समाज सेवी राजकुमार यादव, परियोजना सहयोग समिति के अध्यक्ष हरिलाल यादव, कटबासीमाई प्रावि तेलगाई के अध्यक्ष राजिन्द्र यादव, नेराप्रावि तेलगाई के अध्यक्ष राजदेव यादव, गढीमाई नमुना उच्च मावि बरियापुर के अध्यक्ष दिपप्रकाश कानु, कटबासीमाई जल उपभोक्ता समिति के अध्यक्ष छोटेलाल यादव, कोषाध्यक्ष सविता यादव लगायत के लोग बोरिङ्ग से किसान लोग के खेत मे सिचाई पुगी आ उत्पादन अधिक होई जवना से जीवन मे सफलता अउर बदलाव होई विचार राखत जोर देहलक ।
कार्जक्रम आईल लोग स्वागत जन जागरण युवा क्लव के उपाध्यक्ष राजदेव साह कईले रहनी संचालन रामकृपाल साह के रहल जवना मे सहकार्य नरेश साह कईले रहनी ।






