कोरोना के जोखिम देखल गईला पर चीन से नेपाली विद्यार्थी बोलावल जाई :- मन्त्री ढकाल

चितवन १७ माघ,
स्वास्थ्य तथा जनसंख्य मन्त्री भानुभक्त ढकाल चीन मे रहल नेपाली मे कोरोना भाइरस के जोखिम देखल गईला पर सरकार से स्वदेश बोलावे के बतवले बानी ।
चितवन के भरतपुर मे आजु सञ्चारकर्मी से बातचीत करत मन्त्री ढकाल सरकार चीन मे रहल नेपाली के सम्पर्क मे हि रहल बतवनी ।
“विद्यार्थीलोग से दैनिक सम्पर्क मे भी बानी, उनकर चाहना भी हमनी बुझले बानी, प्रधानमन्त्रीज्यू लोग से भी ई बारे मे छलफल हो रहल बा, उहाँ रहला पर जोखिमपूर्ण अवस्था रहला पर फिर्ता लियावल जाई ।”
चीन मे रहल आपन नागरिक के आउर देश धमाधम फिर्ता बोला रहल बा ।
नेपाल से भी चीन पढे गईल विद्यार्थी के गारजियन उलोग के स्वदेश बोलावे खातिर निहोरा कईले बाडन ।
कोरोना के जोखिम के न्यूनिकरण करे खातिर त्रिभुवन अन्तर्राष्ट्रिय विमानस्थल, पोखरा, चितवन, बुटवल, तातोपानी आ रसुवागढी मे स्वास्थयकर्मी सहित के हेल्पडेस्क राखल गईल मन्त्री ढकाल बतवनी ।
विमानस्थल मे डाक्टर आ प्राविधिक सहित के ८ जने के टोली राखल गईल बा । चीन से आवते मातर १ सय डिग्री से बेसी बोखार आईल आदमी के निगरानी मे राख के हेल्प डेस्क मार्फत अस्पताल लेजाए के तइयारी कईल स्वास्थ्यमन्त्री ढकाल बतवनी ।
फरक प्रसङ्ग मे मन्त्री ढकाल संघ मातहत रहल १३ गो अस्पतालसब मे पुराने संरचना मे दोसर व्यवस्था ना होखे तक के खातिर जलदी अस्पताल विकास समिति गठन करेके बतवनी ।