जिपि कोईराला गोल्डकप सुरु

वीरगंज १८ माघ,
गिरिजा प्रसाद कोईराला फाउण्डेसन पर्सा के आयोजना मे वीरगंज मे गोल्डकप फुटबल नकआउट प्रतियोगिता सुरु भईल बा ।
वीरगंज के आदर्शनगर रङ्गशाला मे सुरु भईल प्रतियोगिता के उदघाटन नेपाली काँग्रेस के केन्द्रिय सदस्य रमेश रिजाल फुलौना उठा के कईले रहनी ।

जिपि कोईराला फाउन्डेसन पर्सा के अध्यक्ष मोहम्मद सहाबुद्दीन के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रदेश सभा सदस्य ओमप्रकाश शर्मा, नेपाली काङ्ग्रेस के केन्द्रिय सदस्य अजय चौरसिया, जिपि फाउन्डेसन के केन्द्रिय सदस्य अजय कुमार राई, नेपाली काङ्ग्रेस के नेता अनिल रुंगटा, जनाद्र्धन सिंह क्षेत्री, प्रदेश सभा सदस्य शंकर चौधरी, राजपा के केन्द्रिय सहमहामन्त्री नेजामुदिन समानी, नेपाल पत्रकार महासघ प्रदेश न.२ के अध्यक्ष दिपेन्द्र चौहान, नेकपा के नेता मानदेव हजरा, नेपाली काङ्ग्रेस पर्सा के सभापति अजय द्विवेदी, सचिव श्याम पटेल, कोषाध्यक्ष ईम्तीयाज आलम, दिना गुप्ता, सरोज चौरसिया लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

प्रतियोगिता के उदघाटन शत्र मे मनकामना मावि, जिएचपि मावि, न्यु वेभ, मास्कोट लगायत के विद्यार्थीलोग मार्चपास कईला के साथे नृत्य भी प्रस्तुत कईले रहलन । कार्जक्रम के संचालन उज्वल घिमिरे कईले रहनी । उदघाटन खेल मे धनुषा पर्सा फुटबल सँघ के हरवले बा ।

धनुषा पर्सा के ट्राइबेकर मे ४–२ गोल के अन्तर से हरवले रहे । तोकल समय मे खेल बराबरी मे पुगला के बाद ट्राईब्रेकर मार्फत जित भईल रहे । माघ २५ गते तक चलेवाला प्रतियोगिता मे प्रदेश नं. २ के आठ गो जिल्ला के ८ टिमसब के सहभागिता रहल बा ।





